Municipal Elections: बिहार में नगर निकाय चुनाव के ऐलान, 18 आ 28 दिसंबर के होई मतदान

Share

बिहार में होखे वाला नगर निकाय चुनाव के तारीखन के एलान हो गइल बा। बिहार निर्वाचन आयोग बुध के एकर अधिसूचना जारी कइल गइल बा। 18 दिसंबर के पहिला चरण में मतदान होई। एकर 20 दिसंबर के मतगणना कइल जाई। ओहिजा, दूसरा चरण खातिर वोटिंग 28 दिसंबर के होई, जवना 30 दिसंबर के काउंटिंग कइल जाई। एकरा पहिले अति पिछड़ा आयोग द्वारा डेडिकेटेड कमीशन बनावे के लेके चुनाव के स्थगित कs दिहल गइल बा।

बता दीं कि पहिला चरण के चुनाव के तारीख 10 दिसंबर रखल गइल। ओहिजा दूसरा चरण के चुनाव के तारीख 20 दिसंबर रखल गइल। एह पs पटना हाई कोर्ट रोक लगा देले रहे। अति पिछड़ा आयोग के कमेटी बनावे के लेके विवाद छिड़ल बा। कोर्ट के आदेशन के बाद नीतीश कुमार के नेतृत्व में बिहार सरकार अक्टूबरे में कमेटी के गठन कs लेले रहे। एकरा बाद एह दिशा में काम होखल सुरू हो गइल रहे। कुछ दिन पहिलही कमेटी के कहनाम रहे कि जल्दिये रिपोर्ट सउप दिहल जाई, जवना से निकाय चुनाव के रास्ता साफ हो जाई। आज बुध के निकाय चुनाव के तारीख के एलान हो गइल बा।

एकरा पहिले का भइल रहे

बिहार निकाय चुनाव में अति पिछड़ा के आरक्षण पs पटना हाई कोर्ट रोक लगा देले रहे, जवना के बाद निकाय चुनाव के स्थगित कs दिहल गइल रहे। एकरा बाद बिहार सरकार हाई कोर्ट के रुख कइलस आ अदालत के आदेश के बाद अक्टूबर में नीतीश सरकार पिछड़ा आयोग खातिर कमीशन के गठन कइले रहे। बिहार सरकार के ओर से ई कहल गइल रहे कि आयोग जब रिपोर्ट सउपी तब बिहार सरकार निकाय चुनाव कराई।

नामांकन आ चुनाव चिन्ह पहिलही के तरे रही

बिहार के सब नगर निकाय में चुनाव खातिर नामांकन के प्रक्रिया अक्टूबरे में पूरा हो गइल। वोटिंग स्थगित होखला के कारण अब नया सिरा से चुनाव के तारीख घोषित हो चुकल बा। निकायन में नामांकन के प्रक्रिया पहिलही के तरे  होई, जवन प्रत्याशी लोग पहिले नामांकन कइले रहे लो ओकर नामांकन बरकरार रही। निर्वाचन आयोग अधिकतर प्रत्याशियन के चुनाव चिन्हो बांट देले रहे। ओकरे आधार पs इलेक्शन करावल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-