[the_ad_group id="30365"]

सपा सुप्रीमो अखिलेश यादव के बड़ झटका, कद्दावर नेता डॉ० धर्म सिंह सैनी के BJP में होई वापसी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाजवादी पार्टी के नेता इमरान मसूद के बसपा में सामिल होखला के बाद अखिलेश यादव के पश्चिमी यूपी से बड़ झटका लागे वाला बा। विधानसभा चुनाव में बीजेपी के साथ छोड़ साइकिल पs सवार होखे वाला पूर्व आयुष राज्य मंत्री डा. धर्म सिंह सैनी के एक बेर फेर बीजेपी में वापसी होखे जा रहल बा।

सीएम योगी के मवजूदगी में होइहें बीजेपी में सामिल

सहारनपुर से सपा के कद्दावर नेता धर्म सिंह खतौली में जनसभा के दौरान सीएम योगी आदित्यनाथ के मवजूदगी में बीजेपी ज्वॉइन करिहें।

साल 2018 में तत्कालीन आयुष राज्य मंत्री डा. धर्म सिंह सैनी बीजेपी के अलविदा कहत सपा के ज्वाइन कs लेले रहस,  हालांकि डा. धर्म सिंह सैनी के सपा में जाये के दांव उल्टा पड़ गइल। उनका 315 मतन के अंतर से हार के सामना करे के पड़ल। एह हार से उनकर 20 साल के अजेय किला ढह गइल। चुनाव हरला के बाद से धर्म सिंह सैनी के सपा में साइड लाइन कs दिहल गइल रहे।

बीजेपी छोड़त घरी धर्म सिंह सैनी कहलें रहस, हम एहिसे बीजेपी छोड़नी, काहेकि हमार कवनो तरे के बात ना सुनल गइल। संगठन के पदाधिकारियनो के ना सुनल गइल। 140 विधायक लोग जब धरना देले रहे लो तब सभे के धमकावल गइल रहे, तबे सब केहू तय कइले रहे कि एकर मुंहतोड़ जवाब दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]