Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर आ बांसगांव लोकसभा में वोटिंग जारी : CM योगी आ रविकिशन वोट डालल लो

546
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर जिला के दुगो सीट सदर आ बांसगांव में सबेरे सात बजे से वोटिंग जारी बा। सांझ के छह बजे तक वोट डालल जाई। CM योगी सबेरे 7:10 बजे मिनट पs आपन वोट डलले। एकरा बाद भाजपा प्रत्याशी रविकिशन वोट लले। बांसगांव के बूथ संख्या 178 बसौली बुजुर्ग में EVM खराब हो गइल तs डेढ़ घंटा बाद वोटिंग सुरू हो सकल। गोरखपुर आ बांसगांव में कुल 2064 मतदान केंद्र आ 3678 बूथ बनावल गइल बा। दुनो सीटन पs 39.18 लाख मतदाता बा लो।

गोरखपुर लोकसभा से बीजेपी रवि किशन, गठबंधन काजल निषाद आ बसपा जावेद सिमनानी के अपना प्रत्याशी बनावले बा। जबकि, बांसगांव से बीजेपी कमलेश पासवान, गठबंधन सदल प्रसाद आ बसपा डॉ. राम समुझ के मैदान में उतरले बा। ओहिजा, एह दुनो लोकसभा सीट पs कुल 21 प्रत्याशी चुनाव मैदान में बा लो। गोरखपुर सदर से 13 तs बांसगांव से आठ प्रत्याशियन के ​भविष्य आज EVM मशीनन में कैद होई।

बांसगांव के बूथ पs 08:20 बजे वोटिंग सुरू हो सकल

बांसगांव के बूथ संख्या 178 बसौली बुजुर्ग में EVM मशीन खराब हो गइल। एसे मतदान 08:20 बजे सुरू हो सकल बा। सबेरे 6:30 बजे से इहां मतदाता पहुंच गइल बा लो। मतदान रुकला से वोटरन के लाइन लाग गइल। दोसर EVM मंगावल गइल। ओकर जांच के बाद मतदान सुरू हो सकल।

गोरखपुर सांसद रवि किशन पत्नी प्रीति किशन संग डलले वोट।
गोरखपुर सांसद रवि किशन पत्नी प्रीति किशन संग डलले वोट।

40 मिनट देरी से सुरू भइल मतदान

गोरखपुर के चिल्लूपार विधानसभा क्षेत्र के बूथ संख्या 165 देवकली पs EVM में खराबी आ गइल। एह वजह से 40 मिनट तक मतदान रुकल रहल। ओकरा बाद गड़बड़ी ठीक कs के मतदान सुरू भइल। बसपा प्रत्याशी डॉ. राम समुझ एही बूथ के मतदाता हवे। चिल्लूपार के बूथ संख्या 140 प्राथमिक विद्यालय घरावल के EVM मशीन खराब हो गइल। जवना के तत्काल बदलके मतदान सुरू करा दिहल गइल।

गोरखपुर में हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल शिव प्रताप शुक्ला पत्नी संग मतदान कइलें।
गोरखपुर में हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल शिव प्रताप शुक्ला पत्नी संग मतदान कइलें।

गोरखपुर लोकसभा क्षेत्र में कैंपियरगंज, पिपराइच, गोरखपुर शहर, गोरखपुर ग्रामीण, सहजनवा विधानसभा आवेला। ओहिजा, बांसगांव लोकसभा क्षेत्र में चौरी चौरा, बांसगांव, चिल्लूपार, रुद्रपुर आ बरहज विधानसभा आवेला।

साभार: दैनिक भास्कर

850630cookie-checkगोरखपुर आ बांसगांव लोकसभा में वोटिंग जारी : CM योगी आ रविकिशन वोट डालल लो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.