Vistara-Air India Merger: सिंगापुर एयरलाइंस के मिलल FDI के मंजूरी

Share

सिंगापुर एयरलाइंस के विस्तारा-एयर इंडिया के बीच विलय समझौता खातिर प्रत्यक्ष बिदेसी निवेश के मंजूरी मिल गइल बा। सरकार के तरफ से मंजूरी मिलला के बाद सिंगापुर एयरलाइंस विलय समझौता के तहत 25.1 प्रतिशत हिस्सेदारी हासिल करी। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, अब एह समझौता के एह साल के अंत तक पूरा होखे के उम्मीद बा। प्रस्तावित विलय के घोषणा नवंबर 2022 में कइल गइल रहे। एह विलय के बाद जवन एयरलाइंस बनी, ऊ दुनिया के सबसे बड़ एयरलाइन समूहन में से एगो होई।

एह साल के अंत तक सौदा पूरा होखे के उम्मीद

एयर इंडिया के स्वामित्व टाटा समूह के लगे बा आ विस्तारा के स्वामित्व टाटा आ सिंगापुर एयरलाइंस दुनो के लगे बा आ दुनो के एमे 51:49 प्रतिशत के हिस्सेदारी बा। सुक के सिंगापुर एयरलाइंससिंगापुर स्टॉक एक्सचेंज में एगो नियामक फाइलिंग में बतवलस कि ओकर प्रस्तावित विलय के हिस्सा के रूप में विस्तारित एयर इंडिया में प्रत्यक्ष बिदेसी निवेश (एफडीआई) खातिर भारत सरकार से मंजूरी मिल गइल बा। सिंगापुर एयरलाइंस कहलस कि प्रस्तावित विलय के 2024 के अंत तक पूरा होखे के उम्मीद बा।

पहिले विस्तारा-एयर इंडिया विलय समझौता 31 अक्तूबर, 2024 तक पूरा होखे के उम्मीद रहे। एह सौदा के जून में नेशनल कंपनी लॉ ट्रिब्यूनल (NCLT) के ओर से अनुमोदित कइल गइल रहे। मार्च में, सिंगापुर के प्रतिस्पर्धा नियामक CCCS प्रस्तावित सौदा खातिर सशर्त मंजूरी देले रहे। एकरा पहिले सितंबर 2023 में एह सौदा के भारतीय प्रतिस्पर्धा आयोग (CCI) से कुछ शर्तन के संगे मंजूरी मिल गइल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-