Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नूंह हिंसा के विरोध में गोरखपुर में प्रदर्शन: विश्व हिंदू परिषद फूंकलस जिहादियन के पुतला, दंगाइयन के घर पs बुलडोजर चलावे के मांग

250

हरियाणा के नूंह में भइल हिंसा के गोरखपुर में विरोध कइल गइल। एकरा के लेके बुध के विश्व हिंदू परिषद बजरंग दल के कार्यकर्ता लोग शास्त्री चौक पs धरना प्रदर्शन कइल। एह दौरान कार्यकर्ता लोग जिहादी विरोधी नारा लगाके हमलावरन के पुतला फूंकल लो

पूरा प्लानिंग से भइल नूंह में हिंसा

विश्व हिंदू परिषद के डॉ. रमापति शुक्ला कहलें, जे केहुओ एह घटना में सामिल रहल बा, ओकर सही ढंग से जांच होखे के चाहीं। ई अकेले आ अचानक से हमला नइखे कइल गइल। बलूक एकरा के पूरा प्लानिंग के संगे पहिले तइयार कइल गइल रहे। एह प्लानिंग के बनावे में जे लोग मदद कइले बा, अइसन लोगन के चिह्नित कs के ओकरा पs कड़ा कार्रवाई करे के चाहीं। ताकि भविष्य में केहू दोबारा से अइसन घटना करे के हिम्मत ना कs सके।

यूपी से लेवे के चाहीं आउर प्रदेशन के शिक्षा

डॉ. रमापति शुक्ला हरियाणा के सरकार से अपील करत कहलें, जवना तरे से उत्तर प्रदेश में शासन चल रहल बा। कवनो अपराधी भा आतंकवादी एह तरे के हरकत करे के सोचियो नइखे सकत। यूपी सरकार के एह नीति से आउरियो प्रदेशन के शिक्षा लेवे के चाहीं। ताकि, बिदेसी इशारन पs हो रहल एह तरे के घटनन के रोकल जा सके।

दंगाइयन के घरन पs चले बुलडोजर

प्रांत प्रचार- प्रसार प्रमुख दुर्गेश त्रिपाठी बतवलें, नूंह में एगो षड्यंत्र के तहत हिंदुअन पs हमला भइल। एमे अब तक 6 लोग बलिदान हो गइल। एमे कार्यकर्ता आ पुलिस प्रशासन के जवानो सामिल बा लो। जिहादी पूरा तइयारी के संगे एह घटना के अंजाम देले बाड़ें।

हमनी के विहिप के केंद्रीय मंत्री के निशाना बनावल गइल। विहिप आ बजरंग दल एकर निंदा करत बा आ सरकार से मांग करत बा कि अइसन लोगन के चिन्हित कs के जल्दी से जल्दी कार्रवाई कइल जाव। संगही एह घटना में सामिल आरोपियन के घरन के बुलडोजर से जमींदोज कइल जाव।

ई लोग रहल सामिल

एह दौरान शीतल मिश्रा विभाग मंत्री (विहिप), विष्णु जिलाध्यक्ष, अनूप शुक्ला जिला मंत्री (विहिप), अंकुर सिंह, राहुल कुमार पांडेय, जय प्रकाश जायसवाल, विनय शर्मा, रोहित पांडे, महेंद्र चौधरी, राहुल, रविकांत, रोहित पांडे, आनंद श्रीवास्तव, अनूप सिंह, नीतीश जायसवाल, सूर्य प्रताप, गोली, अभय शाही, हर्षवर्धन शाही, राजेश श्रीवास्तव सहित बड़ संख्या में विश्व हिंदू परिषद, बजरंग दल के कार्यकर्ता रहे लो।

साभार: दैनिक भास्कर

616690cookie-checkनूंह हिंसा के विरोध में गोरखपुर में प्रदर्शन: विश्व हिंदू परिषद फूंकलस जिहादियन के पुतला, दंगाइयन के घर पs बुलडोजर चलावे के मांग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.