स्पोर्ट्स डेस्क। इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) के मवजूदा विजेता रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरू के नया मालिक मिल गइल बा। नया मालिक जाहिर तौर पs एह टीम के बहुते आगे ले जाइल चाही लोग आ एकरा खातिर ऊ कुछ डेग उठावे के फैसला कइले बा लोग। आरसीबी के नया वाइस चेयरमैन सत्यन गजवानी बतवले कि ऊ विराट कोहली से बात कइल चाहत बाड़े।
आदित्य बिरला ग्रुप, टाइम्स ऑफ इंडिया, बोल्ट ग्रुप आ ब्लैकस्टोन मिल के आरसीबी में हिस्सेदारी किनले बा। आर्यमान बिरला एह फ्रेंचाइजी के चेयरमैन होइहें, जबकि टाइम्स ग्रुप के गजवानी एकर वाइस-चेयरमैन। समाचार एजेंसी पीटीआई से बात करत गजवानी कहलें कि ऊ विराट कोहली से बात करे के प्लानिंग करत बाड़े।
ई होई मोटिव
गजवानी बतवलें कि विराट से बात करे के मोटिव ई समझेके रही कि ऊ भविष्य के लेके का सोचत बाड़े। गजवानी पीटीआई से कहलें, “विराट सानदार खिलाड़ी हवे आ हमनी के शुक्रगुजार बानी सs कि हमनी उनका संगे पार्टनर होखेम सs। जब डील पूरा हो जाई तब हमनी के निश्चित तौर पs कोहली से बात कइल चाहेम सs आ समझे के चाहेम सs कि ऊ आगे के लेके का सोचत बाड़ें। निश्चित तौर पs हमनी के उनका से आ उनका टीम से बात होई ताकि हमनी के समझ सकी सs कि उनकर लक्ष्य का बा। आ हमनी के कइसे उनकरा सफलता में जोगदान दे सकेनी सs।
कोहली खेलत बाड़ें वनडे
कोहली के करिअर देखल जावs ऊ अब ढेर लमहर नजर नइखे आवत। ऊ इंटरनेशनल टी20 के अलविदा कह चुकल बाड़ें आ टेस्ट ना खेलेले। कोहली अब खाली वनडे खेलत बाड़ें। अइसन में उनका करिअर के लेके कइयन तरे से सवाल खड़ा होत रहेला। उनकर उमिर अब एह बात के तस्दीक करेला कि किंग कहल जाये वाला एह सानकार खिलाड़ी के करिअर अब ढेर लमहर नइखे।
Read Also: DDU : गोरखपुर विश्वविद्यालय में अत्याधुनिक मूल्यांकन भवन तइयार, जल्दिये होई पूर्ण संचालन








