Flight Emergency Landing : IGI एयरपोर्ट पर फ्लाइट के आपात लैंडिंग, सब यात्री सुरक्षित

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 28, 2026

नई दिल्ली। इंदिरा गांधी अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा (IGI) पs एगो फ्लाइट के आपात लैंडिंग करावल गइल। जानकारी अनुसार, विमान सुरक्षित तरीके से उतर गइल आ सब यात्री पूरा तरे सुरक्षित बा लोग। दिल्ली पुलिस बतवले

Share

नई दिल्ली। इंदिरा गांधी अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा (IGI) पs एगो फ्लाइट के आपात लैंडिंग करावल गइल। जानकारी अनुसार, विमान सुरक्षित तरीके से उतर गइल आ सब यात्री पूरा तरे सुरक्षित बा लोग।

दिल्ली पुलिस बतवले बिया कि इंडिगो एयरलाइंस के एगो विमान आंध्र प्रदेश के विशाखापत्तनम से दिल्ली आवत रहे। उड़े के दौरान विमान के इंजन में तकनीकी खराबी आ गइल, जवना के चलते पायलट के आपात लैंडिंग करे के फैसला लेवे के पड़ल।

अग्निशमन विभाग के मोताबिक, हालात के गंभीरता के देखत रनवे पs फुल इमरजेंसी घोषित कs दिहल गइल रहे। एयरपोर्ट पs सब आपात सेवा फायर ब्रिगेड, मेडिकल टीम आ सुरक्षा बल पूरा तरे से तइयार रखल गइल रहे।

विमान के सुरक्षित उतार लिहल गइल आ कवनो तरे के जनहानि भा नुकसान के खबर नइखे। अधिकारी लोग बतावल  कि इंजन में खराबी जइसन समस्या सामने आइल रहे, बाकिर पायलट के सतर्कता से बड़ा हादसा टल गइल।

Read Also: IPL 2026 : का विराट कोहली के आईपीएल भविष्य पs मंडरा रहल बा खतरा? RCB के नया मालिकन के चाहत खड़ा कइल सवाल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.