DDU : गोरखपुर विश्वविद्यालय में अत्याधुनिक मूल्यांकन भवन तइयार, जल्दिये होई पूर्ण संचालन

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 28, 2026

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में परीक्षा प्रणाली के आउर मजबूत, पारदर्शी आ समय पs पूरा करे खातिर एगो बड़ डेग उठावल गइल बा। विश्वविद्यालय में अत्याधुनिक परीक्षा मूल्यांकन भवन के निर्माण पूरा हो गइल

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में परीक्षा प्रणाली के आउर मजबूत, पारदर्शी आ समय पs पूरा करे खातिर एगो बड़ डेग उठावल गइल बा। विश्वविद्यालय में अत्याधुनिक परीक्षा मूल्यांकन भवन के निर्माण पूरा हो गइल बा। अब भवन में एसी आ जनरेटर लगावे के काम चल रहल बा, जवना के पूरा होते जल्दिये संचालन सुरू कs दिहल जाई।

ई नया भवन विश्वविद्यालय परिसर में प्राचीन इतिहास विभाग के पीछे करीब 13,000 वर्गफीट में बनावल गइल बा। ई दू मंजिला भवन करीब 8.5 करोड़ रुपिया के लागत से तइयार भइल बा। एह परियोजना के शिलान्यास राज्यपाल आनंदीबेन पटेल कइले रहली। निर्माण में 75 प्रतिशत खरचा राज्य सरकार आ 25 प्रतिशत विश्वविद्यालय उठवले बा।

कुलपति प्रो. पूनम टंडन बतवली कि भवन में चार गो बड़-बड़ हॉल बनावल गइल बा, जहां एके संगे कइयन गो परीक्षक बइठ के कॉपी जांच सकी लोग। एकरा से मूल्यांकन के काम तेज आ बेवस्थित तरीका से हो सकी।

उनकर कहनाम बा कि 24 मार्च 2026 के विकास समिति के बैठक में एसी लगावे, बिजली बैकअप खातिर जेनसेट आ सुरक्षा खातिर सीसीटीवी कैमरा लगावे के मंजूरी दे दिहल गइल बा।

पहिले सीमित जगह आ संसाधन के चलते परीक्षक लोग के बहुत जादे दिक्कत होत रहे, खासकर जब साल में दू बेर सेमेस्टर परीक्षा के कॉपी जांच होला। अब ई नया भवन एह समस्या के स्थायी समाधान बन जाई।

Read Also: गोरखपुर विश्वविद्यालय में अत्याधुनिक मूल्यांकन भवन तइयार, जल्दिये होई पूर्ण संचालन

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.