Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

टी20 वर्ल्ड कप में बतौर ओपनर विराट कोहली के फ्लॉप सुरुआत, करियर में पहिला बेर भइल अइसन

850

 

टी-20 विश्व कप 2024 के शुरुआत भारतीय टीम के स्टार खिलाड़ी विराट कोहली के बल्लेबाजी से बढ़िया ना भइल. आयरलैंड के खिलाफ मैच में कप्तान रोहित शर्मा के साथे शुरुआत करे वाला कोहली महज 1 रन बना के पवेलियन में लवट अइले. अपना टी-20 करियर में छठवाँ विश्व कप खेले वाला विराट कोहली, जिनकर दबदबा अबहीं ले एह टूर्नामेंट के इतिहास में देखल जा रहल बा, पहिला बेर टी-20 विश्व कप में ओपनिंग बल्लेबाज के रूप में खेले आइल रहले. एकरा से पहिले भइल टी-20 विश्व कप में कोहली मिडिल ऑर्डर में खेलत देखल गइल बाड़न जवना में ऊ अपना बल्लेबाजी से औसतन 80 से अधिका रन बनवले बाड़न. आयरलैंड के खिलाफ मैच में कोहली के सामना महज 5 गेंद के सामना करे के पड़ल।

विश्व क्रिकेट में रन चेस के दौरान विराट कोहली के सबसे खतरनाक बल्लेबाज मानल जाला, बाकिर टी-20 विश्व कप में पहिला बेर अयीसन तब देखाई देलस जब रन चेस के दौरान कोहली एक अंक के स्कोर पs पवेलियन में वापसी कईले। एह टूर्नामेंट के इतिहास में अबले के कवनो पारी में कोहली के ई सबले कम स्कोर बा. टी-20 विश्व कप में कोहली तिसरका बेर एक अंक के स्कोर पs आउट हो गइल बाड़न. एकरे पहिले साल 2012 में कोहली साउथ अफ्रीका के खिलाफ भइल मैच में महज 2 रन बना के बाहर रहलें जबकि साल 2021 में न्यूजीलैंड के खिलाफ खेलल गइल मैच में कोहली 9 रन बना के पवेलियन में वापस आ गइलें।

आयरलैंड के खिलाफ लगातार तिसरका बेर एक अंक के स्कोर पs लवटल

अब आयरलैंड टी-20 इंटरनेशनल में एक अंक के स्कोर पs लगातार तीन बेर विराट कोहली के पवेलियन में भेजे वाली पहिला टीम बन गइल बा. एह मैच से पहिले कोहली टी-20 इंटरनेशनल में आयरिश टीम के खिलाफ 2 गो मैच खेलले रहले, जवना में से एगो में उs डक पs आउट रहले अवुरी दूसरा मैच में उs मात्र 9 रन बनावे में कामयाब रहले। अब सगरी नजर पाकिस्तान के खिलाफ कोहली के मैच पs बा जवना के खिलाफ एह टूर्नामेंट के इतिहास में अबले उनकर बहुते बढ़िया रिकार्ड रहल बा.

 

 

 

857530cookie-checkटी20 वर्ल्ड कप में बतौर ओपनर विराट कोहली के फ्लॉप सुरुआत, करियर में पहिला बेर भइल अइसन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.