[the_ad_group id="30365"]

IPL 2025 से पहिले R Ashwin के सीएसके में भइल वापसी? ऑफ स्पिनर के मिलल ई बड़ रोल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टीम के दिग्गज ऑफ स्पिन गेंदबाज रविचंद्रन अश्विन एक बार फिर सीएसके में वापसी करे के तइयार बाड़े। इंडिया सीमेंट्स के साथे अश्विन जुड़ रहल बाड़े जवना से उनका ओ फ्रेंचाइजी में वापसी की उम्मीद कइल जा रहल बा। सीएसके के सीईओ काशी विश्वनाथन न्यूज एजेंसी पीटीआई से बात करत घरी कहले कि अश्विन केंद्र के साथे – साथे भारत आ विदेश के टीम के अलग – अलग अकादमियन के जिम्मेदारी समहरिहें। सीएसके फ्रेंचाइजी हो सकऽता आईपीएल 2025 के ऑक्शन के दौरान उनका के खरीद सकऽ तिया।

R Ashwin के IPL 2025 से पहिले CSK में एंट्री?

दरअसल, सीएसके के सीईओ काशी विश्वनाथ अश्विन के लेके न्यूज एजेंसी पीटीआई से बातचीत करत घरी कहले कि अश्विन भारत आ तमिलनाडु के महान खिलाड़ियन में से एक बाड़े आ उनका उपस्थिति से हाई परफॉर्मेंस केंद्र आ हमनी के अकादमियन के बड़ बढ़ावा मिली। ई केंद्र चेन्नई के बाहरी इलाके में इस्थित बा। हमनी के उनका के दोबारा साइन कइले बानी। अब उऽ सीएसके वेंच्योर के हिस्सा बाड़े आ टीएनसीए फर्स्ट डिवीजन में इंडिया सीमेंट्स खातिर खेलिहें।

37 साल के अश्विन हालही में अनिल कुंबले के बाद टेस्ट में 500 विकेट लेवे वाला भारत के दूसरका गेंदबाज बनल बाड़े। उऽ इंडियन प्रीमियर लीग में 2009 से 2015 तक सीएसके टीम के हिस्सा रह रहले। आईपीएल खातिर एह साल बड़ नीलामी होखे के बा आ अइसे में जदि अश्विन बोली के हिस्सा हो ताड़न तऽ सीएसके उनका के अपना टीम से जोड़े के परयास कऽ सकऽ तिया।

बता दी कि साल 2008 से 2015 ले अश्विन आईपीएल में सीएसके खातिर खेल चुकल बाड़े आ 2009-10 में जवना तरे उऽ आपन प्रदर्शन कइले, ओकरा बाद उनका के भारतीय टीम में जगह मिल गइल। अश्विन एकरा बाद पंजाब किंग्स, दिल्ली कैपिटल्स आ राजस्थान रॉयल्स खातिर खेलले बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]