[the_ad_group id="30365"]

टी-20 वर्ल्ड कप राहुल द्रविड़ के बतौर कोच आखिरी टूर्नामेंट : बोललें- बतौर कोच हमरा खातिर हर मैच महत्वपूर्ण; 2021 में संभरले रहस पद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया के हेड कोच राहुल द्रविड़ सोमार के कंफर्म कs देलें कि टी-20 वर्ल्ड कप उनकर हेड कोच के तौर पs ई आखिरी टूर्नामेंट होई। ऊ एह पद खातिर फेर से आवेदन ना  कइले रहस। भारतीय क्रिकेट बोर्ड (BCCI) पिछला महीना एकरा खातिर आवेदन मंगावल गइल रहे।

द्रविड़ सोमार के मीडिया से बातचीत में कहलें, हम हेड कोच के अपना कार्यकाल में हर क्षण के लुत्फ लेले बानी। कोच के तौर पs हमरा खातिर भारत के हर मैच महत्वपूर्ण रहल। वर्ल्ड कप अलग नइखे। ई हेड कोच के रूप में हमार अंतिम टूर्नामेंट बा।’ 27 मई के कोच पद खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख रहे।

2021 में हेड कोच बनल रहस द्रविड़

BCCI राहुल द्रविड़ के नवंबर 2021 में भारत के हेड कोच बनावल गइल। तब टीम इंडिया टी-20 वर्ल्ड कप के ग्रुप स्टेज से बाहर हो गइल रहे। 2022 के टी-20 वर्ल्ड कप में टीम सेमीफाइनल तक पहुंचल रहे। 2023 में वनडे वर्ल्ड कप के बाद द्रविड़ के कार्यकाल खत्म हो गइल रहे, बाकिर टीम इंडिया के फाइनल में पहुंचला के कारण उनकर कार्यकाल टी-20 वर्ल्ड कप तक बढ़ा दिहल गइल।

द्रविड़ के कोचिंग में टीम इंडिया के एकमात्र कामयाबी 2023 में एशिया कप के रूप में आइल। भारत मेजबान श्रीलंका के हराके खिताब जीतले रहे। उनकर कार्यकाल अमेरिका आ वेस्टइंडीज में होखे वाला टी-20 वर्ल्ड कप के बाद खत्म हो जाई।

2027 तक रही नया कोच के कार्यकाल

टी-20 वर्ल्ड कप के दौरान नया हेड कोच के सिलेक्शन हो जाई। उनकर कार्यकाल एक जुलाई 2024 से सुरू होके 31 दिसंबर 2027 तक रही। एह दौरान टीम इंडिया के ICC के पांच टूर्नामेंट खेले के बा। एमे चैंपियंस ट्रॉफी, टी-20 वर्ल्ड कप आ वनडे वर्ल्ड कप के संगे वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के दुगो साइकिल सामिल बा।

गंभीर के टीम इंडिया के हेड कोच बनल लगभग तय

टीम इंडिया के पूर्व क्रिकेटर आ कोलकाता नाइट राइडर्स के मेंटर गौतम गंभीर के भारतीय टीम के हेड कोच बनल लगभग तय हो गइल बा। IPL के एगो फ्रेंचाइजी के मालिक क्रिकबज से बातचीत करत बतवले रहस कि गंभीर के कोच बनना लगभग तय बा आ जल्दिये एकर घोषणा कइल जाई।

क्रिकबज के रिपोर्ट के मोताबिक शाहरुख खान के एह बात के जानकारी मिल चुकल बा। BCCI के नियमन के मोताबिक अगर गंभीर टीम के हेड कोच बनत बाड़ें, तs उनका KKR के मेंटरशिप छोड़े के पड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]