स्पाेर्ट्स डेस्क: आईपीएल के 18वें सत्र के सुरुआत में अब जादे समय नइखे बचल। 22 मार्च से टूर्नामेंट के आगाज होई, पहिलका मैच गत विजेता कोलकाता नाइट राइडर्स आ रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के बीच खेलल जाई। एह साल 10 टीमन के बीच 13 जगहन पs 65 दिन में कुल 74 मैच खेलल जाई, जेमे 70 लीग राउंड आ चार प्लेऑफ के मुकाबला होई। फाइनल समेत प्लेऑफ के सब मुकाबला 20 से 25 मई तक हैदराबाद आ कोलकाता में खेलल जाई।
हैदराबाद 20 मई, 2025 आ 21 मई के क्वालिफायर 1 आ एलिमिनेटर के मेजबानी करी। एकरा बाद कोलकाता 23 मई, 2025 के क्वालिफायर 2 के आ 25 मई के फाइनल के मेजबानी करी। आईपीएल 2025 में कुल 12 डबल हेडर्स बा। डबल हेडर वाला दिन पहिला मैच दुपहरिया साढ़े तीन बजे से आ दूसरका मैच सांझा साढ़े सात बजे से खेलल जाई। आईपीएल सुरू होखे से पहिले हमनी के रउआ के सबसे जादे रन, विकेट, चौका आ छक्का लगावे वाला खिलाड़ियन के बारे में बता रहल बा…
विराट कोहली के नावे सबसे जादे रन
आरसीबी के पूर्व कप्तान विराट कोहली भलही अपना टीम के कबो ट्रॉफी ना जिता पवले बाकिर उनकर निजी प्रदर्शन में कबो कमी नइखे आइल। एकर गवाही आंकड़ा दे रहल बा। दायां हाथ के बल्लेबाज आईपीएल इतिहास में सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज बाड़ें। ऊ 2008 में अपना करिअर के सुरुआत कइले रहस। अभी ले ऊ आरसीबी के हिस्सा बा। 252 मैचन में किंग कोहली 131.97 के स्ट्राइक रेट से 8004 रन बनवलें। सर्वाधिक रन बनावे के ममिला में दूसरका स्थान पs शिखर धवन बा जे पिछलके साल संन्यास के एलान कइले रहस। 221 मैचन में उनका नावे 6769 रन दर्ज बा। रोहित शर्मा 6628 रन के संगे तीसरका स्थान पs बा।
सबसे जादे विकेट चटकावे वाला गेंदबाज हवे चहल
स्टार स्पिनर युजवेंद्र चहल भलही भारतीय टीम में आपन जगह बनावे खातिर जद्दोजहद कs रहल बाड़ें बाकिर आईपीएल में ऊ एक बेर फेर चमकावे खातिर तइयार बाड़ें। अबकी बेर ऊ पंजाब किंग्स खातिर खेलत नजर अइहें। एकरा पहिले ऊ मुंबई इंडियंस, आरसीबी आ राजस्थान रॉयल्स के तरफ से खेल चुकल बाड़ें। दायां हाथ के एह गेंदबाज के नावे आईपीएल में सबसे जादे विकेट चटकावे के रिकॉर्ड दर्ज बा। ऊ 160 मैचन में 7.84 के इकोनॉमी से 205 विकेट लेले बाड़ें ।
क्रिस गेल के नाम सबसे जादे छक्का जड़े के रिकॉर्ड
वेस्टइंडीज के पूर्व बल्लेबाज क्रिस गेल आईपीएल में सबसे जादे छक्का लगावे वाला बल्लेबाज बाड़ें। ऊ 142 मैचन में 357 छक्का लगवलें बाड़ें। ‘यूनिवर्स बॉस’ गेल एह लीग में चार टीमन के हिस्सा रहस। एमे केकेआर, किंग्स इलेवन पंजाब, पंजाब किंग्स आ आरसीबी सामिल बा। एह ममिला में दूसरका आ तीसरका स्थान पs क्रमश: रोहित शर्मा (280) आ विराट कोहली (272) बा। किंग कोहली के लगे आवे वाला टूर्नामेंट में हिटमैन के पीछे छोड़े के सुनहरा मवका बा।
सबसे जादे चौका लगावे वाला बल्लेबाज बाड़ें शिखर धवन
आईपीएल इतिहास में सबसे जादे रन बनावे वाला दूसरका बल्लेबाज शिखर धवन पिछलका साल संन्यास के एलान कइले रहस। ऊ सबसे जादे चौका लगावे वाला खिलाड़ी बाड़ें। ऊ 222 मैचन में 764 चौका लगवले बाड़ें। एह ममिला में दूसरका स्थान पs विराट कोहली बाड़ें। ऊ अभी ले 252 मैचन में 705 चौका जड़ले बाड़ें। आवे वाला सत्र में धवन के पीछे छोड़ सकत बाड़ें।