IPL 2025: ‘पंत सहित कइयन गो बड़ क्रिकेटर धोनी के मानेला लो आदर्श’, दिग्गज जहीर खान के खुलासा, कहलें- माही के जलवा…

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क : लखनऊ सुपरजाएंट्स के मेंटर जहीर खान के कहनाम बा कि महेंद्र सिंह धोनी जब तक खेलिहें, तब ले आईपीएल में उनकर जलवा बनल रही। भारत के एह पूर्व तेज गेंदबाज कहलें, ‘माही

Share

IPL 2025: 'पंत सहित कइयन बेर बड़ क्रिकेटर धोनी के मानेला लो आदर्श', दिग्गज जहीर खान के खुलासा, कहलें- माही के जलवा…

स्पोर्ट्स डेस्क : लखनऊ सुपरजाएंट्स के मेंटर जहीर खान के कहनाम बा कि महेंद्र सिंह धोनी जब तक खेलिहें, तब ले आईपीएल में उनकर जलवा बनल रही। भारत के एह पूर्व तेज गेंदबाज कहलें, ‘माही के लोकप्रियता लखनऊ ना, पूरा देस में बा। हमनी के टीम के कप्तान ऋषभ पंत सहित आईपीएल खेल रहल सब बड़ क्रिकेटर माही के आपन आदर्श मानेला लो।

जहीर कहलें, ‘लखनऊ में होखे वाला मुकाबला में हमनी के चेन्नई सुपरकिंग्स के टीम के कड़ा टक्कर देम सs। जदि 14 अप्रिल के इकाना स्टेडियम धोनी के शर्ट से रंग जावs तs हमनी के कवनो हैरत ना होई।’

ऋषभ के नेतृत्व में चढ़के खली एलएसजी

जहीर खान कहलें, ‘ऋषभ पंत अच्छा कप्तान बाड़ें। ऊ टीम के आगे ले जइहें। हमनी के उनका से बहुते उम्मीद बा। एगो अच्छा लीडर टीम के आगे ले जाये के काम करेला।’

सीएम योगी खेलन के बढ़ावे खातिर कs रहल बाड़ें काम…

जहीर उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के तारीफ कइलें। ऊ कहलें, ‘यूपी में खेलन के विकास खातिर बहुते काम हो रहल बा। योगी आदित्यनाथ से मुलाकात के बाद टीम के खिलाड़ियन के उत्साह बढ़ल बा। ऊ हमनी के बातन के ध्यान से सुनलें। ई अच्छा बात बा। खेलन के प्रति उनकर विजन सानदार बा। हमनी के उनका के लखनऊ में होखे वाला आईपीएल मुकाबला देखे खातिर आमंत्रित कइले बाड़ें।’

22 मार्च से आईपीएल के 18वां सीजन के आगाज

आईपीएल 2025 के आगाज 22 मार्च से होखे जा रहल बा। पहिला मैच डिफेंडिंग चैंपियंस कोलकाता नाइट राइडर्स आ रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के बीच खेलल जाई। एह साल 10 टीमन के बीच 13 स्थानन पs 65 दिनन में कुल 74 मैच खेलल जाई, जेमे 70 लीग राउंड आ चार प्लेऑफ के मुकाबला होई। फाइनल सहित प्लेऑफ के सब मुकाबला 20 से 25 मई तक हैदराबाद आ कोलकाता में खेलल जाई।

हैदराबाद 20 मई, 2025 आ 21 मई के क्वालिफायर 1 आ एलिमिनेटर के मेजबानी करी। एकरा बाद कोलकाता 23 मई, 2025 के क्वालिफायर 2 के आ 25 मई के फाइनल के मेजबानी करी। आईपीएल 2025 में कुल 12 डबल हेडर्स होई। डबल हेडर वाला दिन पहिला मैच दुपहरिया साढ़े तीन बजे से आ दूसरका मैच सांझ साढ़े सात बजे से खेलल जाई।

Read Also: IPL 2025: आईपीएल में सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज विराट, चहल सर्वाधिक विकेट लेवे वाला गेंदबाज; रिकॉर्ड

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.