Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

NCW: राष्ट्रीय महिला आयोग के नया अध्यक्ष होइहें विजया रहाटकर, अर्चना मजूमदार के सदस्य के रूप में नियुक्ति

36

विजया रहाटकर राष्ट्रीय महिला आयोग के नया अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा। रहाटकर एकरा पहिले 2016 से 2021 तक महाराष्ट्र राज्य महिला आयोग के अध्यक्ष रह चुकल बाड़ी। सामाजिक कामन में उनकर भूमिका के देखते उनका के ई जिम्मेदारी सउपल गइल बा। ओहिजा, अर्चना मजूमदार के राष्ट्रीय महिला आयोग के सदस्य नियुक्त कइल गइल बा। राष्ट्रीय महिला आयोग के मकसद महिला लोगन के अधिकारन के रक्षा करे, ओह लोगन के खिलाफ हो रहल भेदभाव आ हिंसा के समाप्त करे आ ऊ सब क्षेत्रन में समान अवसर प्रदान कइल बा।

महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव आ राजस्थान के सात सीटन पs उपचुनाव से पहिले एह लोगन के ई बड़ जिम्मेदारी सउपल गइल बा। विजया महाराष्ट्र के संभाजीनगर से आवेली आ राज्य में अगिला महीना विधानसभा चुनाव बा। एकरा पहिले, राजस्थान में भाजपा के सह-प्रभारी रह चुकल बाड़ी। अइसन में मानल जा रहल बा कि पार्टी एक तीर से कइयन गो निशाना साधे के कोसिस कइले बिया। उनकर एह नियुक्ति से मतदाता लोगन में संदेश जा सकत बा कि भाजपा महिला लोगन के उचित सम्मान दे रहल बिया आ नेतृत्व करे के जिम्मा सउप रहल बिया।

केंद्रीय महिला आ बाल विकास मंत्रालय के ओर जारी प्रेस विज्ञप्ति के मोताबिक, रहाटकर एह पद पs तीन साल भा 65 बरिस के उमिर तक (जवन पहिले होखे) खातिर नियुक्त कइल गइल बा। ऊ आयोग के नवां अध्यक्ष होइहें। रहाटकर भाजपा महिला मोर्चा के अध्यक्ष रहल बाड़ी। महाराष्ट्र महिला आयोग में अपना कार्यकाल के दौरान ऊ सक्षमा (तेजाबी हमलन के पीड़ितन के मदद खातिर), प्रज्ज्वला (स्वयं सहायता समूहन के केंद्र सरकार के योजनन से जोड़े खातिर) आ सुहिता (महिला लोगन खातिर 24×7 हेल्पलाइन सेवा) जइसन कल्याणकारी पहलन के सुरुआत कइले बाड़ी।

एकरा अलावे, ऊ पॉक्सो अधिनियम, तीन तलाक विरोधी प्रकोष्ठ आ मानव तस्करी विरोधी इकाइयन पs फोकस कs के कानूनी सुधारन पs काम कइली। रहाटकर डिजिटल साक्षरता कार्यक्रम सुरू कइली आ महिला लोगन के मुद्दन के समर्पित ‘साद’ नामक प्रकाशनो सुरू कइली। महिला सशक्तिकरण में उनका जोगदान खातिर कइयन पुरस्कारन से सम्मानित कइल गइल बा। जवना में राष्ट्रीय कानून पुरस्कार आ राष्ट्रीय साहित्यिक परिषद से सावित्रीबाई फुले पुरस्कार सामिल बा।

991920cookie-checkNCW: राष्ट्रीय महिला आयोग के नया अध्यक्ष होइहें विजया रहाटकर, अर्चना मजूमदार के सदस्य के रूप में नियुक्ति

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.