निगरानी विभाग DCLR क्लर्क के घुस लेत पकड़लस: डीसीएलआर के आवास आ ऑफिस पs छापेमारी

Share

सीवान में विशेष निगरानी इकाई के टीम महाराजगंज के राजेंद्र चौक के लगे डीसीएलआर ऑफिस के क्लर्क के घुस लेते 20 हजार रूपिया के संगे पकड़ले बिया। पकड़ल गइला के बाद क्लर्क संतोष कुमार आ डीसीएलआर राम रंजन सिंह के हिरासत में ले लिहल गइल बा आ दूनो से पूछताछ कइल जा रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि निगरानी विभाग के डिप्टी एसपी सुधीर कुमार के नेतृत्व में छापेमारी कइल गइल बा। मंगर के रात करीब 10.30 बजे तक डीसीएलआर के आवास आ कार्यालय पs छापेमारी चलत रहे।

घुस मंगला के शिकायत पs कइल गइल कार्रवाई

डिप्टी एसपी सुधीर कुमार बतवलें कि जमीन संबंधित ममिला में डीसीएलआर के ओर से घुस मांगे के शिकायत मिलल रहे। शिकायत के बाद ई कार्रवाई कइल गइल बा। छापेमारी टीम में सामिल अधिकारियन के कहनाम बा कि जांच पूरा होखला के बाद स्पष्ट रूप से कवनो जानकारी दिहल जावs।

सुधार के नाम पs मंगले रहस 1.5 लाख

जानकारी के अनुसार, बसंतपुर प्रखंड अंतर्गत सूर्यपुरा निवासी सुबोध कुमार निगरानी विभाग में घुस मांगे के लेके शिकायत कइले रहस। सुबोध कुमार बतवलें कि उनका जमीन के गलत म्यूटेशन कs दिहल गइल बा। ओह जमीन पs एगो व्यक्ति जबरन कब्जा कइले बा। ओकरा के सही करे खातिर डीसीएलआर पईसा के मांग करत रहे लो। डीसीएलआर 1.5 लाख रुपिया के मांग कइले रहे।

जवना के बाद सुबोध कुमार एकर शिकायत विशेष निगरानी इकाई से कइले रहस। शिकायत के बाद मंगर के रात विशेष निगरानी के टीम छापेमारी कइलस आ डीसीएलआर ऑफिस के क्लर्क के 20 हजार रूपया लेत पकड़ लेलस। फिलहाल क्लर्क आ डीसीएलआर से पूछताछ कइल जा रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-