मोबाइल स्नैचर के नोएडा पुलिस सिखइलस सबक, पैर पs लागल गोली

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 4, 2024

    यूपी के नोएडा में पुलिस लगातार अपराधियन पs दबाव बनावत बिया. मोबाइल अवुरी चेन स्नैचर पs भी बारीकी से नजर राखल जाता। एही बीच एगो मोबाइल स्नैचर अवुरी नोएडा पुलिस के बीच मुठभेड़

Share

नोएडा पुलिस मोबाइल छीने वाला के मरलस गोली: फोटो

 

 

यूपी के नोएडा में पुलिस लगातार अपराधियन पs दबाव बनावत बिया. मोबाइल अवुरी चेन स्नैचर पs भी बारीकी से नजर राखल जाता। एही बीच एगो मोबाइल स्नैचर अवुरी नोएडा पुलिस के बीच मुठभेड़ भी भईल बा, जवना में स्नैचर के गोड़ में गोली लागल बा।

पूरा मामिला का बा?

सेंट्रल नोएडा के सेक्टर 63 थाना एगो मुठभेड़ के दौरान एगो मोबाइल स्नैचर के गोड़ में गोली मार देले बा। गिरफ्तार आरोपी के लगे से 6 मोबाइल फोन, हथियार अवुरी एगो चोरी के मोटरसाइकिल बरामद भईल बा। घाही के इलाज खातीर अस्पताल भेज दिहल गईल बा। शातिर डकैत के खिलाफ 2 दर्जन से जादा मामला दर्ज बा। हालही में एगो महिला पत्रकार से लूटल मोबाइल फोन भी बरामद हो गइल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.