Video: मिजोरम में बड़ हादसा, निर्माणाधीन रेलवे पुल गिरले से 17 मजदूरन के मउत
मिजोरम के सैरांग इलाका के लगे एगो निर्माणाधीन रेल पुल गिर गईल। जवना के चलते 17 मजदूर के जान चल गईल। मिजोरम के मुख्यमंत्री ट्वीट क के ए दुर्घटना पs दुख जतवले बाड़े।
मिजोरम के सैरांग इलाका के लगे एगो निर्माणाधीन रेल पुल गिरला से 17 मजदूरन के मउत हो गइल। आइजोल से करीब 21 किलोमीटर दूर बुधवार के सबेरे दस बजे के करीब दुर्घटना भईल। पुलिस के मुताबिक 17 लोग के लाश बरामद हो चुकल बा, जबकि बाकी लोग के तलाश जारी बा। अबे ले कवनो जानकारी सोझा नईखे आईल कि दुर्घटना के कारण का बा।
Under construction railway over bridge at Sairang, near Aizawl collapsed today; atleast 17 workers died: Rescue under progress.
Deeply saddened and affected by this tragedy. I extend my deepest condolences to all the bereaved families and wishing a speedy recovery to the… pic.twitter.com/IbmjtHSPT7
— Zoramthanga (@ZoramthangaCM) August 23, 2023
सीएम दुख जतवले
मिजोरम के मुख्यमंत्री ज़ोरमथांगा ए दुर्घटना पs दुख जतवले अवुरी ट्वीट कईले कि, “आइजोल के नजदीक सैरांग में बनत रेलवे ओवर ब्रिज आजु गिर गईल। 17 मजदूर के जान चल गईल। बचाव अभियान चलता। बहुत दुखी अवुरी ए त्रासदी से प्रभावित बानी।” सभे शोक संतप्त परिवार के संगे घायल लोग के जल्दी ठीक होखे के कामना करतानी।उ कहले कि, हम ओ लोग के आभार व्यक्त करतानी, जवन कि बचाव अभियान में मदद खातीर भारी संख्या में आगे आईल बाड़े।
मलबे से 17 लाश निकालल गइल
एकरा संगे ए दुर्घटना पs पुलिस कहलस कि मौका पs अवुरी बहुत लोग के फंसला के संभावना बा। आइजोल से करीब 21 किलोमीटर दूर सुबह 10 बजे के करीब घटना के समय करीब 35-40 मजदूर मौजूद रहले। उ कहले कि, “अबे ले मलबा से 17 लाश बरामद हो चुकल बा। अवुरी बहुत अबे ले लापता बा।”
Comments are closed.