JhunJhunwala: दिग्गज निवेशक राकेश झुनझुनवाला के निधन, ब्रीच कैंडी अस्पताल में लेले आखिरी सांस

Share

शेयर बाजार के दिग्गज निवेशक राकेश झुनझुनवाला के निधन हो गइल बा। बतावल जा रहल बा कि ऊ अतवार के भोरे मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में अंतिम सांस लेले। जानकारी के मोताबिक, कुछ हफ्ता पहिलही ऊ अस्पताल से डिस्चार्ज भइल रहस। उनकर निधन कवना कारण से भइल बा, अभी ई स्पष्ट नइखे भइल।

5000 रुपिया से कइलें रचले निवेश के सुरुआत

राकेश झुनझुनवाला शेयर बाजार के सबसे बड़ निवेशकन में से एगो रहले। ऊ जब कॉलेज में रहस तबे से ऊ शेयर बाजार में हाथ आजमावल सुरुरू कs देले रहले। ऊ इंडियन इंस्टिट्यूट ऑफ चार्टर्ड एकाउंटेंट्स ऑफ इंडिया में दाखिला लेल। इहां से स्नातक होखला के बाद से ऊ शेयर मार्केट में हाथ आजमावल सुरू कs देले रहले। झुनझुनवाला 1985 में 5,000 रुपियक से निवेश के सुरुआत कइलें रहस। सितंबर, 2018 तक ई निवेश बढ़के 11,000 करोड़ रुपिया हो गइल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-