भारतीय महिला हॉकी टीम के दिग्गज वंदना कटारिया मंगल के दिने अंतर्राष्ट्रीय हॉकी से संन्यास लेबे के एलान कइली. 15 साल तक भारतीय हॉकी में योगदान देवे वाली कटारिया कहली कि उs अपना करियर के चरम पs एs खेल के अलविदा कहतारी। 32 बरीस के स्ट्राइकर वंदना कटारिया भारत खातिर 320 गो अंतर्राष्ट्रीय मैच खेल चुकल बाड़ी जवन कवनो भारतीय महिला हॉकी खिलाड़ी के सबले बेसी मैच खेले के रिकार्ड बा. रिटायरमेंट के एलान करत उs कहली कि आज उs अंतरराष्ट्रीय हॉकी से भारी दिल से बाकिर कृतज्ञता के संगे रिटायर हो रहल बाड़ी।
कटारिया साफ कईली कि उनुकर फैसला थकान चाहे जज्बा के कमी के चलते ना भईल बालुक उs अपना करियर के चरम पs रहला के दौरान एs खेल से संन्यास लेवे के चाहत रहली। उs आगे कहले कि sइ प्रस्थान थकान के चलते नईखे बालुक उनुका शर्त पs अंतरराष्ट्रीय हॉकी छोड़े के फैसला बा। उs गर्व से इs कदम उठावत बाड़ी। भीड़ के दहाड़, हर गोल के रोमांच आ भारत के जर्सी पहिरे के गौरव हमेशा उनुका संगे बनल रही।
𝑺𝒐𝒎𝒆 𝒋𝒐𝒖𝒓𝒏𝒆𝒚𝒔 𝒕𝒓𝒂𝒏𝒔𝒄𝒆𝒏𝒅 𝒕𝒉𝒆 𝒈𝒂𝒎𝒆.🏑
— Hockey India (@TheHockeyIndia) April 1, 2025
Vandana Katariya ➡️320 matches, 158 goals and a legacy that will inspire generations.
From a historic hat-trick at Tokyo 2020 to countless unforgettable moments, she has redefined excellence in Indian hockey.… pic.twitter.com/9tgZPqj4KU
रिटायरमेंट के बाद भी उs हॉकी से जुड़ल रहीहे रिटायरमेंट के मतलब इs नईखे कि वंदना हॉकी से पूरा तरीका से दूर हो जईहे। उs कहले कि उनुकर कहानी इहाँ खतम नईखे होखत। ईs एगो नया शुरुआत बा. ऊ हॉकी खेलत रहीहें, हॉकी इंडिया लीग में भाग लीहें आ दोसरा स्तर पs भी खेलत रहीहें. उनकर कदम अबहियों टर्फ पs महसूस कइल जाई आ खेल के प्रति उनकर जुनून कबो खतम ना होखी. उs कहली कि उs इंटरनेशनल हॉकी से रिटायर हो रहल बाड़ी, लेकिन एs खेल से जुड़ल हर याद अवुरी हर सबक उनुका संगे रही।
इहो पढ़ीं; चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं