गोरखपुर प्रदेश में फइलल लंपी बीमारी के ले के उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री खासतौर से बैक्सीनेशन करवले में जोर देहले बानें। गोरखपुर मंडल में वैक्सीनेशन करे खातिर पांच लाख लंपी बीमारी बैक्सीन आइल बा।
अभिन सब जिला में वैक्सीन बांटल कइल जाई। आजु गोरखपुर जिला में बनल उत्तर प्रदेश सरकार के ओर से गौशाला में गाइन के वैक्सीन लगावे के काम कइल जाई। काल्ह के बाद घर-घर जा के पशु स्वास्थ्य विभाग के टीम वैक्सीनेशन करे के काम करी, जेकर तैयारी पशु स्वास्थ्य विभाग पूरा कs लेहले बा।
उहवें गोरखपुर के पशु चिकित्सा अधिकारी डॉक्टर डीपी सिंह के कहनाम बा कि गोरखपुर जिला में हमनीके बीमारी नाइ फइले देहल जाई। प्रदेश सरकार के उमेद पर गोरखपुर के पशु स्वास्थ्य विभाग के टीम खरा उतरले के काम करी, जेकरे खातिर आजु से ई काम शुरू कs दिहल गइल बा। आजु गोरखपुर सी डी ओ संजय कुमार मीना हरिहर झंडी दिखा के रवाना कइलें। उहवें जिला पशु चिकित्साधिकारी डॉक्टर बी पी सिंह सहित पशु चिकित्सक एह समय मौजूद रहलें।