साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2022

 बिहार: नीतीश के 2 कैबिनेट मीटिंग में 16000 वेकेंसी के मंजूरी, बंदोबस्त सही करे खातिर होई 7595 भर्ती, MLA-MLC के फ्री बिजली यूनिट बढ़ावल गइल, नर्सिंग छात्रन के मिली इंटर्नशिप के 1500 हर महीना पईसा।

Share

  1.  बिहार: नीतीश के 2 कैबिनेट मीटिंग में 16000 वेकेंसी के मंजूरी, बंदोबस्त सही करे खातिर होई 7595 भर्ती, MLA-MLC के फ्री बिजली यूनिट बढ़ावल गइल, नर्सिंग छात्रन के मिली इंटर्नशिप के 1500 हर महीना पईसा।
  2. बिहार: पंडाल सजा रहल 5 के कार रउदलस…. 2 के मौत: छपरा में 3 लईकन के हालत गंभीर, सभे के उमिर 13 बरिस से कम बा। ड्राईवर के पुलिस के हवाले कइल गइल। हादसा सोमार के देर रात रिविलगंज के मेथावालिया बाजार के हs।
  3. उत्तर प्रदेश: योगी कैबिनेट के अहम बैठक आज; इलेक्ट्रिक व्हीकल पॉलिसी -2022 के मसौदा के साथे दर्जनन प्रस्तावन पs लाग सकेला ला मोहर।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी पुलिस कांस्टेबल भर्ती 2022: 22 खेलन में 335 पुरुष आ 18 खेलन में 199 महिला कैनडीडेटेस के होई भर्ती। सीएम योगी आदित्यनाथ के निरदेस पs पुलिस विभाग में खेल कोटा से खिलाडियन के भर्ती।
  5. झारखंड: दुर्गापूजा के बाद पूजा सिंघल के जमानत पs फसीला: निलंबित आईएएस अधिकारी के जमानत खातिर करे के होई इंतजार, पईसा के हेरफेर आ मनरेगा घोटाला सहित कइयन गो गंभीर आरोप में निलंबित बाड़ी पूजा सिंघल।
  6. उद्धव ठाकरे के सुप्रीम कोर्ट से झटका: कोर्ट कहलस- चुनाव आयोग तय करी असली शिवसेना केकर, शिंदे गुट कइले बा पार्टी पs दावा, चुनाव आयोग शिवसेना के सिंबल ममिला पs सुनवाई खातिर स्वतंत्र बा, आयोग के कारवाई पs अब कवनो रोक ना रही। 20 जून के शुरू भइल रहे शिवसेना के विवाद।
  7. गहलौत से मिले पहुंचले करीब 20 विधायक-मंत्री: सोनिया गांधी अनुशासन कमेटी के अध्यक्ष एन्टोनी के बोलवली, पायलट दिल्ली पहुंचले। मुख्य सचेतक महेश जोशी के बयान- नोटिस के जबाब देवे खातिर तइयार बानी।
  8. 8 राज्यन में इस्लामिक संगठन के 170 कार्यकर्ता अरेस्ट: दिल्ली के शाहीन बाग से PFI के 30 लोग गिरफ्तार, गैजेट्स-दस्तावेज जब्त; जामिया में धारा 144।
  9. अमेरिका के पाकिस्तान के नसीहत: चीन से कर्जा चुकावे में राहत मांगs, US तs मदद खातिर हमेशा तइयार बा। चीन के कर्जा के जाल में फंसल बा पाकिस्तान।
  10. संजू सैमसन के समर्थन में फैंस लगावल लो नारा: टी-20 वर्ल्ड कप में नइखे कइल गइल शामिल, 7 साल में खाली 16 इंटरनेशनल मैच खेलले। बार-बार नजर अंदाज हो रहल बाड़े सैमसन।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.