[the_ad_group id="30365"]

मानसून के पहिला बारिश में वंदे भारत के हालत खराब, जब यात्री इंटरनेट पs वीडियो पोस्ट कईले तs रेलवे ई जवाब दे देलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वंदे भारत ट्रेन के वीडियो: सोशल मीडिया पर वायरल होखे वाला एह वीडियो में रउआ देखब कि वंदे भारत के छत से बहुत पानी लीक हो रहल बा। नीचे के फर्श भी पानी के चलते भींज गइल बा। सोशल मीडिया पर ई वीडियो वायरल भइला के बाद रेलवे भी कमेंट कइले बा।

Vande bharat leakage

वंदे भारत एक्सप्रेस हमेशा कवनो ना कवनो कारण से सुर्खियन में रहेला । अब बरसात के मौसम अइला के साथ दिल्ली से वाराणसी जाए वाली वंदे भारत एक्सप्रेस के छत से पानी टपकल शुरू हो गइल। सोशल मीडिया पs ए घटना के वीडियो तेजी से वायरल होखता, जवना के बाद यूजर ट्रेन के क्वालिटी पs सवाल उठावे लगले।

एह वायरल वीडियो में रउआ देखब कि ट्रेन के छत से बहुत पानी लीक हो रहल बा। फर्श भी पानी से पूरा तरह से भींज गइल बा। सीट पs भी पानी टपकता आ भींजल सीट पs लोग बईठल बाड़े। ट्रेन में भी बहुत लोग बईठल देखाई देतारे। जाहिर बा कि अइसन पानी के रिसाव के चलते लोग के समस्या के सामना करे के पड़ता। प्रिया सिंह अपना एक्स के हैंडल @priyarajputlive पर ई वीडियो शेयर कइले बाड़ी।

 वंदे भारत के हालत

वीडियो शेयर करत प्रिया कैप्शन में लिखले बाड़ी – वंदे भारत ट्रेन के हालत देखीं। ई ट्रेन दिल्ली-वाराणसी रूट पs चलेले। वंदे भारत नंबर 22416 बा। एह वीडियो के अब तक 26 हजार से ज्यादा व्यूज मिलल बा। एह वीडियो पर बहुत सारा यूजर लोग भी कमेंट कइले बा।

 

उत्तरी रेलवे टिप्पणी कइले बा

वीडियो वायरल भइला के बाद नॉर्दर्न रेलवे ए वीडियो पs कमेंट करत लिखलख – पाइप में अस्थायी रुकावट के चलते कोच में कुछ पानी के रिसाव देखाई देलस! एकरा पs ट्रेन में मौजूद स्टाफ के ध्यान गइल अवुरी सुधारल गइल। भइल असुविधा खातिर माफी चाहब। एगो यूजर लिखले बा – अइसन स्थिति में करंट के झटका के भी खतरा बा…संज्ञान लीं। एगो अउरी लिखले बा – मेड इन इंडिया खाली भारत के लोग खातिर।

ई वीडियो देखला के बाद रउआ का कहल चाहब? आपन राय जरूर दीं

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]