गोरखपुर। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 20 जून के सिवान में आयोजित जनसभा से गोरखपुर-पाटलिपुत्र (पटना) वंदे भारत के वर्चुअल रूप से हरियर झंडी दिखइहें। तइयारियन के जायजा लेवे रेलवे बोर्ड के चेयरमैन (सीआरबी) सतीश कुमार बियफे के सबेरे गोरखपुर पहुंचलें। सबसे पहिले उस्टेशन परिसर के निरीक्षण कइलें।
उनका आगमन के लेके बुध के रेलवे स्टेशन पs अधिकारी दिन भर निरीक्षण कइल। रेलवे बोर्ड के चेयरमैन बियफे के सबेरे करीब 10 बजे रेलवे स्टेशन पहुंचलें। उ स्टेशन परिसर, क्रू लॉबी के निरीक्षण कइलें। रेल यूनियन के पदाधिकारियन मिललें।
स्पेशल ट्रेन से विंडो ट्रेलिंग निरीक्षण करत गोरखपुर से सिवान तक जइहें। ओहिजा, रेलवे के महाप्रबंधक आ आउर आला अधिकारी सिवान जाई लोग। ओने, गोरखपुर से पाटलिपुत्र (पटना) वंदे भारत के रेक पहुंच गइल। जरूरी जांच के बाद ओकरा के फिट कs दिहल गइल। एह ट्रेन के प्रधानमंत्री सिवान में आयोजित एगो जनसभा के दौरान वर्चुअल रूप से हरियर झंडी दिखइहें। हालांकि अभी तक प्रधानमंत्री के कार्यक्रम के आधिकारिक शेड्यूल नइखे आइल।
रेल प्रशासन के तरफ से रेलवे बोर्ड के भेजल गइल प्रस्ताव के मोताबिक, वंदे भारत गोरखपुर से सबेरे 6:30 बजे चली आ पटना 1:30 बजे पहुंची। वापसी में पाटलिपुत्र से 2:25 बजे चली आ गोरखपुर 9:35 बजे पहुंची। ट्रेन के पांच स्टॉपेज कप्तानगंज, नरकटियागंज, बेतिया, मोतिहारी आ मुजफ्फरपुर में होई। ट्रेन के चलावे खातिर गोरखपुर जंक्शन पs तइयारी पूरा हो चुकल बा।