[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर होके चले वाला 4 ट्रेन के रूट- टर्मिनल बदलल: नई दिल्ली स्टेशन से हटावल गइल दुगो एक्सप्रेस ट्रेन, अगस्त से लागू होई नया बदलाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गोरखपुर से भा गोरखपुर होके यात्रा करे वाला यात्रियन खातिर बहुते जरूरी खबर बा। रेलवे प्रशासन चार प्रमुख ट्रेनन के टर्मिनल आ मार्ग में बदलाव कइले बा। एह परिवर्तनन के असर ओह यात्रियन पs पड़ी जे गोरखपुर से दिल्ली आ पूर्वोत्तर भारत के बीच यात्रा करेला। नया व्यवस्था अगस्त से लागू होई।

एह ट्रेनन में भइल बदलाव

12523 न्यू जलपाईगुड़ी–नई दिल्ली एक्सप्रेस

  • अब नई दिल्ली के जगह आनंद विहार टर्मिनस पs समाप्त होई
  • लागू तिथि: 19 अगस्त, 2025
  • आगमन: सबेरे 11:55 बजे

12524 नई दिल्ली–न्यू जलपाईगुड़ी एक्सप्रेस

  • अब आनंद विहार टर्मिनस से चली
  • लागू तिथि: 20 अगस्त, 2025
  • प्रस्थान: दोपहर 3:20 बजे

12204 अमृतसर–सहरसा एक्सप्रेस

  • अब नई दिल्ली स्टेशन पs ना रुकी
  • नया मार्ग: दिल्ली शाहदरा के रास्ते
  • लागू तिथि: 17 अगस्त, 2025
  • दिल्ली स्टेशन आगमन: 10:50 बजे, प्रस्थान: 11:05 बजे

12203 सहरसा–अमृतसर एक्सप्रेस

  • अब नई दिल्ली स्टेशन पs ना रुकी
  • नया मार्ग: दिल्ली शाहदरा के रास्ते
  • लागू तिथि: 18 अगस्त, 2025
  • दिल्ली स्टेशन आगमन: 1:55 बजे, प्रस्थान: 2:10 बजे

गोरखपुर के यात्रियन से अपील कइल गइल बा कि उ लोग यात्रा से पहिले एह परिवर्तनन के जानकारी अवश्य ले लीं आ अपन योजना अपडेट समयसारणी के मोताबिक बनाईं।

Read Also: Gorakhpur News: पशु तस्कर पुलिस पs कइलें पथराव, एगो दारोगा आ सिपाही घायल; देर रात के घटना

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]