ISRO : वी नारायणन बनावल गइलें इसरो के नया अध्यक्ष, एह दिन वर्तमान प्रमुख एस सोमनाथ से लिहें पदभार

Anurag Ranjan
V Narayanan - फोटो : सोशल मीडिया।

केंद्र सरकार वी नारायणन के भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) के नया अध्यक्ष आ अंतरिक्ष विभाग के सचिव नियुक्त कइले बिया। ऊ 14 जनवरी के इसरो के वर्तमान प्रमुख एस सोमनाथ से पदभार ग्रहण करिहें। केंद्र सरकार के कैबिनेट के नियुक्ति समिति एह बारे में अधिसूचना जारी कs देले बिया। एमे बतावल गइल बा कि वी नारायणन के नियुक्ति 14 जनवरी से दु साल के अवधि खातिर रही। बता दीं कि सोमनाथ 14 जनवरी, 2022 के तीन साल के कार्यकाल खातिर अंतरिक्ष विभाग के सचिव के रूप में कार्यभार संभरले रहस।

वी नारायणन के लगे लगभग चार दशकन के अनुभव बा। ऊ भारतीय अंतरिक्ष संगठन में कइयन गो प्रमुख पदन पs काम कइले बाड़ें। ऊ रॉकेट आ अंतरिक्ष यान प्रणोदन में विशेषज्ञता हासिल कइले बाड़ें। ऊ जीएसएलवी एमके इल वाहन के सी25 क्रायोजेनिक प्रोजेक्ट के परियोजना निदेशक रह चुकल बाड़ें।

नारायणन 1984 में इसरो में सामिल भइलें आ केंद्र के निदेशक बने से पहिले अलग-अलग पदन पs काम कइलें। सुरुआत में करीब साढ़े चार साल तक, ऊ विक्रम साराभाई अंतरिक्ष केंद्र (वीएसएससी) में साउंडिंग रॉकेट्स आ एएसएलवी आउर ध्रुवीय उपग्रह प्रक्षेपण यान (पीएसएलवी) के ठोस प्रणोदन क्षेत्र में काम कइलें।

1989 में, ऊ आईआईटी-खड़गपुर में पहिला रैंक के संगे क्रायोजेनिक इंजीनियरिंग में एमटेक पूरा कइलें आ लिक्विड प्रोपल्शन सिस्टम सेंटर (एलपीएससी) में क्रायोजेनिक प्रोपल्शन क्षेत्र में सामिल हो गइलें। लिक्विड प्रोपल्शन सिस्टम सेंटर, वलियामाला के निदेशक के रूप में जीएसएलवी एमके खातिर सीई20 क्रायोजेनिक इंजन विकसित करे में उनकर महत्वपूर्ण जोगदान बा। एकरा संगही उनका कार्यकाल में एलपीएससी इसरो के अलग-अलग मिशनन खातिर 183 लिक्विड प्रोपल्शन सिस्टम आ कंट्रोल पावर प्लांट बनवले बा।

Read Also: 5 फरवरी के होई दिल्ली विधानसभा चुनाव, परिणामन के घोषणा 8 फरवरी के

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment