[the_ad_group id="30365"]

केरल: फ्रिज में मिलल इंसानी खोपड़ी आ हड्डी, 20 साल से बंद रहे डॉक्टर के घर; जांच में जुटल पुलिस

एही मकान के भीतर मिलल बा कंकाल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


केरल के चोट्टानिकारा इस्थित पैलेस स्क्वायर के एगो मकान में एगो इंसानी खोपड़ी आ हड्डी मिलल बा। ई इंसानी कंकाल मकान के अंदर फ्रीज में रखल बा, सूचना मिलला पs पहुंचल पुलिस एह हड्डियन के कब्जा में लेके ममिला के जांच पड़ताल सुरू कs देले बा। पुलिस एह हड्डियन के सैंपल फोरेंसिक लैब भेजले बिया। अनुमान लगावल जा रहल बा कि कुछ साल पहिले एह व्यक्ति के हत्या भइल होई। बतावल जा रहल बा कि ई मकान एगो 74 बरिस के डॉक्टर के हs आ करीब 20 साल से एह मकान के लावारिश छोड़ कs के व्यट्टिला में रहेलें

पुलिस के मोताबिक स्थानीय लोग एह मकान के अंदर कुछ गलत होखला के आशंका जतावत पुलिस के शिकायत देले रहे लो। एह शिकायत पs पुलिस मवका पs पहुंचल आ मकान के जांच करवलस। एह दौरान पता चलल कि 14 एकड़ जमीन पs फइलल एह मकान में बिजली कनेक्शन नइखे। मकान के भीतर एगो फ्रीज रखल मिलल बा। एह फ्रीज में कंप्रेशर नइखे लागल। ओहिजा, फ्रीज के खोलला पs भीतर तीन पैकेट में इंसानी खोपड़ी आ हड्डी मिलल बा। पुलिस के आशंका बा कि इहां कवनो कालाजादू भा कवनो आउर अवैध गतिविधि हो रहल बा।

20 साल से बंद रहे ई मकान

हत्या के वारदात एही गतिविधि के दौरान भइल होई। चूंकि मकान करीब 20 साल से बंद बा, एहिसे आसपास के लोगन के कुछ जादे जानकारी नइखे भइल। पुलिस के मोताबिक फिलहाल एह मकान के मालिक 74 वर्षीय डॉ. फिलिप जॉन के सूचित कइल गइल बा। ऊ बतवलें कि उनकर लईका बिदेस में रह रहल बा। अब पुलिस उनका एह घर आ एह घर में मिलल हड्डियन के संबंध में पूछताछ कs रहल बा। एह घर के संबंध में आसपास के लोगन से पूछताछ कइल गइल बा। एमे पता चलल बा कि मकान मालिक के ना अइला के वजह से एह मकान में असमाजिक तत्वन के जमावड़ा रहत बा।

कंकाल के पहचान में जुटल पुलिस

फिलहाल वार्ड पार्षद के शिकायत पs पुलिस संबंधित धारा में अज्ञात के खिलाफ केस दर्ज कs लेले बिया। अब पुलिस एह कंकाल के पहचान के प्रयास कs रहल बिया। प्राथमिक जांच के बाद पुलिस बतवलस कि हत्या के ई वारदात कुछ साल पहिले के हो सकत बा। अइसन में बीतल 8-10 साल के भीतर सामने आइल गुमशुदगी के ममिलन के पड़ताल कइल जा रहल बा। एर्नाकुलम ग्रामीण पुलिस प्रमुख वैभव सक्सेना बतवलें कि एह संबंध में ममिला दर्ज कs लिहल गइल बा। एह संबंध में कइयन गो तथ्य सामने आ गइल बा, बाकिर एकरा पुष्टि खातिर फोरेंसिक रिपोर्ट मिलला के इंतजार कइल जा रहल बा। पुलिस जल्दिये एह ममिला के खुलासा करी।

Read Also: CES 2025: 18K गोल्ड वाला लग्जरी स्मार्ट रिंग भइल लॉन्च, कीमत होश उड़ा दी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]