UP: सीएम योगी जनलें पीड़ितन के हाल, बटलें राशन किट, बाढ़ प्रभावित क्षेत्र के कइलें हवाई निरीक्षण

Share

 

सीएम योगी आदित्यनाथ सुक के सहारनपुर पहुंचलें। इहां ऊ बाढ़ से प्रभावित पीड़ितन के हाल जनलें आ राशन किट बंटलें। एह दौरान सीएम योगी बाढ़ प्रभावित क्षेत्रन के हवाई निरीक्षण कइलें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पहिले सरसावा एयरपोर्ट पs पहुंचलें। उहां से हेलीकॉप्टर के माध्यम से चिलकाना पहुंचलें। उहां पs बाढ़ पीड़ितन के राशन किट के वितरण कs के उनकर हाल जनलें।

चिलकाना से मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सहारनपुर के पुलिस लाइन में हेलीकॉप्टर से अइइहें आ एकरा बाद जेवी जैन डिग्री कॉलेज में बनावल गइल राहत शिविर में बाढ़ पीड़ितन से मुलाकात करिहें। जिला प्रशासन सुरक्षा के दृष्टि से जेवी जैन डिग्री कॉलेज के पूरा तरे बंद कs देले बा। पुलिस लाइन में जिलाधिकारी डॉक्टर दिनेश चंद्र, एसएसपी विपिन ताडा आ आउर जिला प्रशासनिक अधिकारी मवजूद बा लो।

बतावल गइल बा कि सब अधिकारी लोग मुख्यमंत्री के इंतजार करत बाड। ओहिजा भाजपा के कुछ पदाधिकारी पुलिस लाइन में मवजूद बा लो, जेमे देवबंद से विधायक आ मंत्री कुंवर बृजेश सिंह, विधायक कीरत सिंह सामिल बा लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-