[the_ad_group id="30365"]

मशरक थाना पुलिस आ एएलटीएफ होंडा सिटी कार मे लदल भारी मात्रा में अंग्रेजी शराब कइलस बरामद, महिला समेत तीन गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: शराब माफिया के नया हथकंडा मशरक पुलिस के सघन वाहन जांच अभियान से नकाम हो गइल बा। कार के बैक लाइट के भीतर तहखाना में छिपा के ले जा रहल भारी मात्रा में अंग्रेजी शराब पुलिस आ एएलटीएफ जप्त कs लेले बा। एह मवका पs कार में बइठल एगो महिला आ कार चालक समेत शराब तस्कर के थाना पुलिस आ एएलटीएफ के टीम संयुक्त रूप से चलावल गइल वाहन जांच अभियान के दौरान गिरफ्तार कs लेले बा।

थानाध्यक्ष राजीव रंजन सिंह बतवलें कि मशरक थाना पुलिस आ एएलटीएफ के की टीम शराब माफिया पs नकेल कसे खातिर सघन वाहन जांच पड़ताल करत रहे। एही बीच तलाशी के क्रम में कार चालक द्वारा दाय-बाय कइला पs पुलिस के शंका भइल। तs एएलटीएफ के सहजोग से कार के सघन तलाशी लिहल गइल। तलाशी के दौरान कार के बैक लाइट के भीतर बनल तहखाना में छिपा के रखल गइल भारी मात्रा में अंग्रेजी शराब बरामद भइल।

मवका से कार में बइठल एगो महिला आ कार चालक आ शराब तस्कर के गिरफ्तार कs के पुलिस ममिला के जांच पड़ताल कs रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]