Pakistan News : ‘बाबूजी जिंदा बाड़ें कि ना- कवनो सबूत ना मिलल’, इमरान खान के बेटा कासिम के शहबाज सरकार पs बड़ आरोप

Share

सेंट्रल डेस्क। पाकिस्तान के अडियाला जेल में बंद पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान के परिवार के लोग उनका से बहुत दिन नइखे मिल पावत। एह मुद्दा पs इमरान खान के छोट बेटा कासिम खान खुला अपील करत शहबाज शरीफ सरकार पs गंभीर आरोप लगवले बाड़ें। कासिम के कहनाम बा कि सरकार इमरान खान के परिवार से पूरा तरे अलग-थलग रख देले बिया आ ओह लोगन के पहुंचे से रोक देले बिया।

“बाबूजी के जिंदा होखला के कवनो सबूत नइखे” – कासिम के आरोप

कासिम खां एक्स (X) पs एगो पोस्ट लिखलें, जवना में ऊ कहलें कि परिवार के लगे इमरान खान के जिंदा होखला के कवनो सबूत नइखे। ऊ चेतावनी देले कि जदि बाबूजी के सुरक्षा में कवनो कमी भइल, तs ओह खातिर पूरा जिम्मेदारी अधिकारी लोग के होई। कासिम राजनीति से दूर रहेलें आ जादेतर पाकिस्तान से बाहर रहेलें।

कासिम बतवलें कि इमरान खान 845 दिन से जेल में बंद बाड़ें, आ अब उनका के छव हफ्ता से मौत वाली कोठरी में राखल गइल बा। पूर्व क्रिकेटर आ नेता इमरान खान पs कइयन गो ममिला चल रहल बा, जवना के उनकर पार्टी पीटीआई राजनीतिक शिकार बतावत बिया।

परिवार से संपर्क बंद- “ना फोन, ना मुलाकात”

कासिम आ सुलेमान, अपना मां जेमिमा गोल्डस्मिथ के संगे ब्रिटेन में पलले-बढ़लें। ऊ पाकिस्तानी राजनीति पs बहुते कम बोलेलें। कासिम कहलें कि एक महीना से जादे भइल, पाकिस्तान सरकार परिवार के मुलाकात पs अघोषित रोक लगा देले बाड़ें।

ऊ कहलें- “अदालत के आदेस के बादो बाबूजी के बुनियादी अधिकार नइखे दिहल जा रहल बा। ना बहिन लोग से मिलल, ना फोन पs बात, ना हमनी के पता कि ऊ जिंदा बाड़ें कि ना। हमनी के कवनो संपर्क नइखे हो पावत।”

आगे ऊ दावा कइलें-
“सरकार जानबूझ के अइसन ब्लैकआउट बना देले बिया। ई सुरक्षा खातिर ना, बलुक इमरान खान के असल हालत छिपावे खातिर बा। ऊ हमनी के नइखे जनावल चाहत कि ऊ सुरक्षित बाड़ें कि ना।”

ऊ चेतावनी देलें कि शहबाज सरकार कानूनी, नैतिक आ अंतरराष्ट्रीय स्तर पs पूरा तरे जिम्मेदार ठहरावल जाई। कासिम अंतरराष्ट्रीय संस्था से दखल देवे के अपील कइलें बाड़ें।

पीटीआई मंगलस सबूत

शहबाज सरकार के आश्वासन के बादो, पीटीआई पार्टी इमरान खान के जिंदा होखे के आधिकारिक सबूत मंगले बिया। पार्टी कहत बिया कि सरकार के चुप्पी से अफवाह तेज हो गइल बा कि इमरान खान के जेल में हत्या कs दिहल गइल बा।

सरकार के सफाई- “पूरा स्वस्थ बाड़ें इमरान”

अडियाला जेल प्रशासन एह अफवाह के खारिज करत कहलें कि इमरान खान कहीं और ले जाइल गइला भा नुकसान पहुंचावल गइल बा- ई पूरा बेबुनियाद बा। उनकर कहनाम बा कि इमरान खान पूरा तरे स्वस्थ बाड़ें आ डॉक्टर लोग लगातार ध्यान देत बा।

पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ कहलें कि इमरान खान के आउर कैदियन से बढ़िया सुविधा मिलत बा। ऊ तs दावा कर देलें कि “इमरान के अइसन खाना मिलत बा, जवन पांच सितारा होटलो में ना मिलेला।”

Read Also: US : अब 19 देस से आवे वाला ग्रीन कार्ड होल्डर के कागजात के कड़ा जांच करी ट्रंप सरकार, वॉशिंगटन हमला के बाद उठवलस ई डेग

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-