US : अब 19 देस से आवे वाला ग्रीन कार्ड होल्डर के कागजात के कड़ा जांच करी ट्रंप सरकार, वॉशिंगटन हमला के बाद उठवलस ई डेग

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 28, 2025

सेंट्रल डेस्क। वॉशिंगटन डीसी में अफगान मूल के आदमी के ओर से नेशनल गार्ड्स पs भइल हमला के बाद ट्रंप प्रशासन अब पूरा सख्ती के मूड में बा। एह चलते सरकार 19 देस के ग्रीन

Share

Donald Trump celebrates Senate passing of One Big Beautiful Bill with JD Vance's vote

सेंट्रल डेस्क। वॉशिंगटन डीसी में अफगान मूल के आदमी के ओर से नेशनल गार्ड्स पs भइल हमला के बाद ट्रंप प्रशासन अब पूरा सख्ती के मूड में बा। एह चलते सरकार 19 देस के ग्रीन कार्ड होल्डर्स के आ दहसत बन गइल बा।

वॉशिंगटन डीसी हमला से ट्रंप बहुते नाराज

बियफे के वॉशिंगटन डीसी में नेशनल गार्ड्स पs भइल हमला में आरोपी के पहचान रहमानुल्लाह लकनवाल के रूप में भइल। ऊ अफगानिस्तान के मूल निवासी बा आ साल 2021 में अमेरिका आइल रहे। लकनवाल अफगानिस्तान में CIA के संगे काम कs चुकल रहे आ तालिबान के कब्जा के बाद बाइडेन सरकार के पुनर्वास नीति के तहत अमेरिका आइल रहे।

एह हमला पs राष्ट्रपति ट्रंप बहुत नाराज भइलें आ एकरा के आतंकवादी हमला बतवलें। हमला के बाद US सिटीजन एंड इमीग्रेशन सर्विसेज (USCIS) एलान कइलें कि अफगान नागरिकन के सब इमिग्रेशन आवेदन अनिश्चितकाल खातिर रोक दिहल गइल बा।

USCIS निदेशक के बयान

USCIS के निदेशक जोसेफ बी. एल्डो सोशल मीडिया पs लिखलें-
“राष्ट्रपति के निरदेस पs अब 19 देस से आवे वाला एलियन के ग्रीन कार्ड के सघन जांच होई। अमेरिका आ अमेरिकी लोगन के सुरक्षा सब केहू से ऊपर बा।”

ऊ कहलें कि पिछलका सरकार के खराब पुनर्वास नीति के बोझ अब जनता ना उठाई। सुरक्षा पs कवनो समझौता ना होई।

कवना 19 देस के लोगन पs असर पड़ी?

एह देसन के ग्रीन कार्ड धारक के दस्तावेज अब कड़ा जांच से गुजरी :

  • अफगानिस्तान
  • बर्मा
  • चाड
  • कांगो गणतंत्र
  • इक्वेटोरियल गिनी
  • एरीट्रिया
  • हैती
  • ईरान
  • लीबिया
  • सोमालिया
  • सूडान
  • यमन
  • बुरुंडी
  • क्यूबा
  • लाओस
  • सिएरा लियोन
  • टोगो
  • तुर्कमेनिस्तान
  • वेनेजुएला

ट्रंप काहे कहलें?

देस के संबोधन में ट्रंप कहलें-

“ई हमला बुराई, नफरत आ आतंक के कारन भइल। ई देस आ इंसानियत के खिलाफ अपराध बा।”

ऊ कहलें कि पकड़ाइल संदिग्ध अफगानिस्तान जइसन “नरक समान” जगह से अमेरिका आइल बा।
आ संगही बाइडेन सरकार के दोष देलें कि ऊ लोग हमलावर के शरणार्थी स्टेटस पs अमेरिका में घुसे देलस।

Read Also: 28 नवंबर 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.