UPSC लाइल OTR : सरकारी नौकरी खातिर बेर-बेर नाइ भरे के होई फॉर्म, आयोग के सर्वर पर रही सुरक्षित जानकारी

Share

संघ लोक सेवा आयोग (यूपीएससी) के परीक्षा खातिर अब आवेदन फॉर्म के बेर-बेर नाइ भरे के होई। आयोग वन टाइम रजिस्ट्रेशन (ओटीआर) सुविधा शुरू कइल, जेहमें पंजीकरण के बाद अभ्यर्थी के निजी जानकारी सर्वर पर सुरक्षित हो जाई। अगिला बेर आवेदन कइला पर 70 प्रतिशत तक फॉर्म भरल मिली।

ओटीआर खातिर यूपीएससी के वेबसाइट पs विशेष प्लेटफॉर्म बनावल गइल बा। इहां कौनो समय पंजीकरण करवावल जा सकsता। विद्यार्थी खुद आपन जानकारी सत्यापित चाहे वेरिफाई करिहें।

बची समय, गलती होई कम

आयोग के अनुसार, एसे अभ्यर्थियन के समय बची अउरी गलती होखले के आशंका भी कम होई। आयोग हर साल सिविल सेवा परीक्षा आयोजित करsला। एकर तीन चरण प्रिलिमिनरी, मेन अउरी इंटरव्यू ह। एकरे जरिये भारतीय प्रशासनिक सेवा, विदेश सेवा, पुलिस सेवा अउरी अन्य सेवा खातिर अधिकारी चुनल जालें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-