[the_ad_group id="30365"]

यूपी के मिली दूसरकी वंदे भारत,ऐह रूट पे 4 घंटा में तय होई सफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के एगो अउरी वंदे भारत एक्सप्रेस के तोहफा मिले जा रहल बा। भारतीय रेलवे लखनऊ – गोरखपुर के बीच सेमी हाई स्पीड ट्रेन शुरू करे के योजना बनवले बिया। एकरा से पहिले वाराणसी से नई दिल्ली खातिर वंदे भारत ट्रेन चलावल जात रहे।

उत्तर पूर्व रेलवे के लखनऊ मंडल के जनसंपर्क अधिकारी (पीआरओ) महेश गुप्ता ने कहले, “गोरखपुर आ लखनऊ के बीच वंदे भारत ट्रेन चलावे के प्रस्ताव शुरुआती चरण में बा, इ चलावे खातीर जरूरी कदम पे विचार कइल जा रहल बा।” जब एकरा के दिल्ली तक बढ़ावे के बारे में पूछल गईल त रेलवे अधिकारी कहले कि, जदी एकर मांग बा त एकरा के लागू होखला के बाद एकरा के दिल्ली तक बढ़ावे के संभावना हो सकता।

केतना समय लागी?

एह अत्याधुनिक ट्रेन के चार घंटा से भी कम समय में 270 किलोमीटर से अधिका के दूरी तय करे के उम्मीद बा। फिलहाल लखनऊ से गोरखपुर के बीच सबसे तेज चले वाला ट्रेन बा – गोरखधाम एक्सप्रेस आ बिहार संपर्क क्रांति एक्सप्रेस। दुनो ट्रेन के एकही दूरी तय करे में 4 घंटा 45 मिनट के समय लागेला। हाल ही में रेलवे दक्षिण पूर्वी रेलवे जोन के वंदे भारत ट्रेन चलावे खातिर नया रैक आवंटित कइले बा। इ ट्रेन हावड़ा से पुरी के बीच चली। ई ओडिशा के पहिला आ पश्चिम बंगाल के दुसरका सेमी हाई स्पीड ट्रेन होखी।

वंदे भारत के ट्रेन कहाँ बनेला?

रेल मंत्रालय चालू वित्तीय वर्ष में चार गो वंदे भारत एक्सप्रेस शुरू क दिहले बा। ई ट्रेन सिकंदराबाद-तिरुपति, चेन्नई-कोयंबटूर, अजमेर-दिल्ली कैंट आ तिरुवनंतपुरम-कासरगोड वंदे भारत एक्सप्रेस बाड़ी सऽ। रेलवे वित्तीय वर्ष 2023-24 में कई गो वंदे भारत ट्रेन चलावे के योजना बनवले बिया। एकरा खातीर रेलवे अपना तीनों फैक्ट्री – चेन्नई स्थित इंटीग्रल कोच फैक्ट्री, रायबरेली स्थित मॉडर्न कोच फैक्ट्री आ लातूर स्थित मराठवाड़ा रेल कोच फैक्ट्री बनावे के फैसला कईले बिया।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]