उत्तर प्रदेश में लू से बचाव खातिर स्कूलन के समे बदली
प्रदेश में बढ़त गरमी के देखत लू से बचावे खातिर स्कूलन आ श्रमिकन के काम के समे बदलल जाई। राहत आयुक्त रणवीर प्रसाद बियफे के लू से बचाव के संबंध में शासनादेस जारी करत प्रदेश के सभे जिलाधिकारियन के निरदेस भेज देले बाड़े।
राहत आयुक्त कावर से जारी आदेस में कहल गइल बा कि लू से बचाव खातिर सार्वजनिक जगहन पs पेयजल के समुचित बेवस्था करावल जाव। मंदिर, लोकभवन, मॉल आदि में कुलिंग सेंटर चलावल जाव। लू से जुड़ल अलर्ट खातिर डिस्प्ले बोर्ड लगावल जाई।
Comments are closed.