प्रदेश में स्कूलन के बदहाली के ले के आम आदमी पार्टी (आप) प्रदेश भर में बड़ पैमाना पर अभियान चलावे जा रहल बा। एकर शुरुआत शिक्षक दिवस यानी आज से कइल जाई। आप के प्रदेश प्रभारी अउरी सांसद संजय सिंह कहलें कि एह अभियान के ‘सेल्फी विद सरकारी स्कूल’ नाम दिहल गइल बा। एक हप्ता चले वाले एह अभियान के तहत आप के कार्यकर्ता सरकारी स्कूल में जा के लइकन के दीहल जाए वाली सुविधा के पोल खोलिहें।
पार्टी कार्यालय में अतवार के पत्रकारन से बातचीत में संजय कहलें कि स्कूलन के बदहाली के मामिला में यूपी देश के पहला राज्य बन गइल बा। यूपी में 25577, एमपी में 22824, असम में 6271 अउरी झारखंड में 1101 सरकारी स्कूल बंद हो चुकल बानें। कई दूसर भाजपा शासित राज्य में भी हजारन के संख्या में स्कूल बंद हो चुकल बा। एहलिए अभियान चलावे के निर्णय लिहल गइल बा। ऊ व्हाट्सएप नंबर 8382928009 जारी कs के जनता से भी स्कूलन के अव्यवस्था के फोटो अउरी वीडियो साझा कइले के आह्वान कइले बानें।
सभाजीत बनलें निकाय चुनाव समिति के अध्यक्ष
नगर निकाय चुनाव के तैयारियन खातिर पार्टी एगो समिति बनवले बा। निवर्तमान प्रदेश अध्यक्ष सभाजीत सिंह के एकर अध्यक्ष बनावल गइल बा। ब्रज कुमारी सिंह, अनूप पांडेय, सरबजीत सिंह मक्कड़, सुबोध यादव अउरी निर्मल मिश्रा के सदस्य बनावल गइल बा।
प्रवक्ता नियुक्त
पार्टी प्रिंस सोनी, इंद्रेश सोनकर, विकास शर्मा, मुकेश सिंह, मन सिंह, तरुणिमा श्रीवास्तव, संजीव मिश्रा, डॉ .एसपी सिंह, संजीव निगम, इमरान पामेला, सुशील सिंह पटेल, इरम रिजवी, प्रशांत यादव, विनीत शर्मा, फैसल खान लाला अउर कीर्ति द्विवेदी के प्रवक्ता बनवले बा।