UP Railway : यूपी के ए जिलन में बिछाईल जाई नया रेलवे लाइन, 17,507 करोड़ होइ खर्च
यूपी रेलवे : यूपी के एह जिलन में जल्दिए नया रेल लाइन बिछावल जाई। यूपी रेल लाइन खातिर 17,507 करोड़ रुपया खर्च होई… एह अपडेट से जुड़ल पूरा जानकारी जाने खातिर पूरा खबर पढ़ीं।
फिलहाल उत्तर प्रदेश में 83 परियोजना के तहत 7,143 किलोमीटर लंबा नई लाइन के काम चलता, जवना पे करीब 94 हजार करोड़ खर्च होखता। एकरा संगे 3831 किलोमीटर लंबा रेल लाइन खातीर 55 सर्वेक्षण करे के बा। एकरा संगे उत्तर प्रदेश के दोसरा राज्य से जोड़े खातीर नाया लाइन से जुड़ल परियोजना में एगो परियोजना ललितपुर-सतना, रीवा-सिंगरौली अवुरी महोबा-खजुराहो बा, जवना पे 700 करोड़ रुपया खर्च होई।
एही तरे बहराइच-श्रावस्ती अवुरी बलरामपुर-तुलसीपुर लाइन पे 390 करोड़ के खर्च आइ। 2023-24 में एनर्जी कॉरिडोर खातीर नई लाइन हेतु 284 करोड़, जनजातीय गौरव कॉरिडोर (अंब्रेला 23-24) खातीर 284 करोड़, सहजनवा-दोहरीघाट खातीर 205 करोड़, देवबंद (मुजफ्फरनगर)-रुड़की खातीर 200 करोड़, मऊ-गाजीपुर-तारीघाट खातीर 150 करोड़, अंब्रेला प्रोजेक्ट खातीर 20 करोड़, आनंदनगर-घुगली खातीर 20 करोड़, पडरौना-कुशीनगर वाया गोरखपुर खातीर 10 करोड़ आ मेरठ-पानीपत खातीर 30 लाख रुपिया।
कई गो स्टेशनन के बीच गेज कन्वर्जेंस
गेज कन्वर्जेंस के काम के लेके राज्य में बहुत काम हो रहल बा। एकरा माध्यम से छोट लाइन के बड़ लाइन में बदल दिहल गईल बा।
एह में मथुरा-वृन्दावन के बीच के लाइन पे 100 करोड़, सीतापुर होत लखनऊ-पीलीभीत पे 100 करोड़, लखीमपुर पे 100 करोड़, बहराइच-मैलानी बाईपास पे 50 करोड़, इंदारा-दोहरीघाट 35 करोड़, पीलीभीत-शाहजहांपुर के बीच 3 करोड़ आ लाइन पे कानपुर-कासगंज-मथुरा के 50 लाख खर्च होई।
Comments are closed.