[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: वाटर स्पोर्ट्स के बढ़ावा देवे खातीर 27 से 31 मई ले रोइंग प्रतियोगिता के आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में जल खेल (जल क्रिडा) के बढ़ावा देवे खातिर बहुत बड़ पहल हो रहल बा। खेलो इंडिया विश्वविद्यालय खेल के तहत गोरखपुर में 27 से 31 मई तक रोइंग प्रतियोगिता के आयोजन कईल जाई। एह आयोजन के बाद प्रशासन एहिजा जल खेल प्रतियोगिता के सिलसिला शुरू करे के तइयारी में लागल बा।

नवनीत सहगल कहले कि खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स के तहत रोइंग प्रतियोगिता गोरखपुर में जल खेल के बढ़ावा देवे के एगो बढ़िया मौका बा। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंशा के मुताबिक ए प्रतियोगिता से स्थानीय स्तर पे ट्रेंड बढ़ी अवुरी जल खेल के क्षेत्र में खिलाड़ी के नाया पौधा पैदा होई।

एह दौरान आयुक्त खिलाड़ियन के सुरक्षा, यातायात, खानपान, स्वास्थ्य आ बाकी सगरी सुविधा खातिर कइल जा रहल तइयारी के बिन्दु दर बिन्दु समीक्षा कइलन.. बइठक में मुख्य विकास अधिकारी संजय मीना, नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल, अपर जिला मजिस्ट्रेट (शहर) विनीत सिंह, एसपी यातायात डॉ. एमपी सिंह, क्षेत्रीय खेल अधिकारी आले हैदर, जिला सूचना अधिकारी प्रशांत श्रीवास्तव एवं पर्यटन, जीडीए, परिवहन, शिक्षा आदि विभाग के अधिकारी मौजूद रही।

एक लेन दर्शकन खातिर आरक्षित बा

एह रोइंग प्रतियोगिता में बड़हन संख्या में दर्शकन के आवे के उमेद बा। प्रतियोगिता के अवलोकन में दर्शक के कवनो असुविधा से बचे खातिर प्रतियोगिता के दौरान रामगढ़तल सड़क पे एक लेन आरक्षित राखल जाई। मतलब कि एह लेन पे कवनो वाहन के आवाजाही ना होखी, एहिजा खाली दर्शक मौजूद रहीहें।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]