[the_ad_group id="30365"]

Vande Bharat: वंदे भारत के यात्रियन खातीर खुशखबरी, एगो अउरी रूट पे चले जा रहल बा ट्रेन; जानि रूट आ किराया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वंदे भारत से ना सिर्फ यात्रियन के लागे वाला समय कम हो जाई, बलुक कम रुपया में हवाई जहाज जईसन सुविधा भी मिल जाई। मानल जाता कि वंदे भारत साढ़े पांच घंटा में ए यात्रा के कवर करी।

देश में एक के बाद एक वंदे

भारत ट्रेन चलावल जा रहल बा। जदी सूत्र पे विश्वास कईल जाए त हावड़ा से पुरी जाए वाली वंदे भारत ट्रेन 15 मई से शुरू हो सकता। पीएम मोदी भी एह ट्रेन के झंडा देखा सकेलें। हावड़ा से पुरी वंदे भारत ट्रेन के ट्रायल रन भी हाल ही में भईल रहे। जब ई ट्रेन चली त ओडिशा खातिर पहिला वंदे भारत आ पश्चिम बंगाल खातिर दुसरका जगहा होखी।

पश्चिम बंगाल के हावड़ा से ओडिशा के पुरी तक इ ट्रेन करीब 500 किलोमीटर के दूरी तय करी। एहसे ना सिर्फ यात्रियन के लागे वाला समय कम हो जाई, बलुक कम पईसा में हवाई जहाज जईसन सुविधा भी मिल जाई। मानल जाता कि अगिला वंदे भारत साढ़े पांच घंटा में पुरी से हावड़ा के यात्रा करी। एह रूट पर अब तक के सबसे तेज ट्रेन शतबदी एक्सप्रेस बा। एह ट्रेन में साढ़े सात घंटा से कुछ अधिका समय लागेला। एकरा मुताबिक यात्रियन के समय में दु घंटा के बचत होई।

न्यूज रिपोर्ट के मुताबिक ए ट्रेन के रूट के बात करत मानल जाता कि इ 9 स्टेशन पे रुक जाई। एकरा में हावड़ा, खुर्दा रोड जंक्शन, भुवनेश्वर, कटक, जजपुर रोड, भद्रक, बालासोर, हल्दिया आ पुरी होखी। अभी तक ए ट्रेन के समय के आधिकारिक तौर पे पुष्टि नईखे भईल, लेकिन इ ट्रेन हावड़ा से सबेरे साढ़े पांच बजे चल सकता। एही तरे वापसी के दिशा में इ ट्रेन पुरी से 2:00 PM से शुरू होई अवुरी 7:30 PM तक हावड़ा वापस आ सकता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]