UP: शहरी क्षेत्र में 3000 वर्ग मीटर भूमि होखले पर ही खोल सकल जाई निजी स्कूल, पढ़ीं नयका शर्त के अहम बात
यूपी बोर्ड से निजी स्कूल के मान्यता अब आसानी से नाइ मिली। एकरे खातिर प्रस्तावित नयका मानक अउर शर्त के शासन मंजूरी दे दिहले बा। शासन ई मंजूरी बोर्ड द्वारा नयका नियमन के ले के आइल सुझाव अउर आपत्तियन के औचित्य न होखले के बात कहत खारिज कइले के बाद दिहले बा।
नयका शर्त के तहत अब शहरी क्षेत्र में विद्यालय खोले खातिर 3000 वर्ग मीटर जमीन जरूरी होई, जौन कि पहिले 650 वर्ग मीटर ही रहल। एही तरे ग्रामीण क्षेत्र में 6000 वर्ग मीटर जमीन जरूरी होई, जौन कि पहिले 2000 वर्ग मीटर रहल। एकरे अलावा धरोहर राशि में भी कई गुना बढ़ोतरी कइल गइल बा। साथही स्मार्ट क्लास, कंप्यूटर क्लास अउर विभिन्न संसाधन होखल भी जरूरी कइल गइल बा।
प्रमुख सचिव माध्यमिक शिक्षा दीपक कुमार के ओर से जारी आदेश के अनुसार ई बदलाव यानी न्यूनतम मानक राष्ट्रीय शिक्षा नीति-2020 के अंतर्गत गुणवत्तापरक शिक्षा खातिर निर्धारित हो रहल बा। एहीलिए वित्तविहीन विद्यालय के मान्यता देवे खातिर माध्यमिक शिक्षा परिषद के विनियम में संशोधन के प्रस्ताव के स्वीकृति दीहल गइल बा।
शासन माध्यमिक शिक्षा परिषद उत्तर प्रदेश के सभापति अउर सचिव के निर्देश दिहले बानें। इंटरमीडिएट शिक्षा अधिनियम-1921 के धारा-16(2) में व्यवस्था के अनुसार मानक, शर्त के अधिसूचना गजट में प्रकाशित कइल जाय।
हाईस्कूल के नवीन मान्यता खातिर ई बा प्रमुख अनिवार्य शर्त
- समिति/ट्रस्ट/कंपनी अधिनियम-2013 के अध्याय 8 के अंतर्गत पंजीकृत कंपनी (नॉट फॉर प्रॉफिट) के पंजीकृत अउर यथा स्थिति नवीनीकृत होखल अनिवार्य होई।
- प्राभूत (जमानत) कोष के रूप में पांच लाख रुपये खाली विद्यालय के नाम जमा अउर निरीक्षण अधिकारी के पदनाम में बंधक होई। पहिले प्राभूत कोष खातिर 15 हजार रुपया राशि निर्धारित रहल।
- सुरक्षित कोष के रूप में डेढ़ लाख रुपया जमा होई, जबकि पहिले मात्र 3000 रुपये जमा कइल अनिवार्य रहल।
ऑडियो वीडियो प्रोजेक्टर, बड़ स्क्रीन के एलईडी टीवी के व्यवस्था स्मार्ट क्लास में अउर कंप्यूटर कक्ष में 25 कंप्यूटर के व्यवस्था करे के होई। - शहरी क्षेत्र के कुल 3000 वर्म मीटर विद्यालय भूमि में 1000 वर्ग मीटर अउर ग्रामीण क्षेत्र के 6000 वर्ग मीटर भूमि में 2000 वर्ग मीटर भूमि के खेल के मैदान होई।
- क्रीड़ा स्थल में एथलेटिक्स, कबड्डी, कुश्ती, खो-खो, वॉलीबॉल, बास्केटबॉल, बैडमिंटन, लॉन टेनिस, ओपेन जिम्नेजियम अउर दूसर आउटडोर गेम्स के संगे इनडोर गेम्स अउर शारीरिक सौष्ठव के पर्याप्त व्यवस्था होई। पहिले अइसन मान्यता के शर्त नाइ रहल।
- छात्र संख्या के अनुरूप एक वर्ग मीटर के दर से प्रत्येक छात्र, छात्रा खातिर कुर्सी, मेज, डेस्क बेंच के व्यवस्था करे के होई। साथही प्रयोगशाला खातिरो व्यवस्था सुनिश्चित करे के होई। पहिले के शर्त में जूनियर कक्षा के साथ 200 सेट सज्जा होखल अनिवार्य रहल।
- स्वच्छ पेयजल, शौचालय आदि के पर्याप्त व्यवस्था, छात्र, छात्रा अउर दिव्यांगजन के सुविधा के अनुसार करे के विस्तृत शर्त होई। पहिले खाली समुचित व्यवस्था के शर्त रहल।
- पुस्तकालय में वृहद पाठ्य सामग्री रखे के होई। शिक्षण सामग्री के विस्तृत व्यवस्था करे के होई।
- संस्था में शिक्षक, कर्मचारियन के उपस्थिति खातिर बायोमीट्रिक मशीन, वायस रिकॉर्डर युक्त सीसीटीवी कैमरा, डीवीआर, हाईस्पीड इंटरनेट कनेक्शन, वाई-फाई के सथही विद्यालय के वेबसाइट जरूरी होई।
- विद्यालय भवन सुरक्षा मानक पर होखे अउर उहां विद्युत, सौर ऊर्जा के संगे रेन वाटर हार्वेस्टिंग अउर जल-मल निकासी के व्यवस्था होई।
इंटरमीडिएट खातिर कुछ अतिरिक्ति शर्त पूरा करे के होई
नयका विद्यालय के मान्यता खातिर हाईस्कूल के अनिवार्य शर्त पूरा कइले के बाद इंटरमीडिएट के संचालन खातिर कुछ दूसर शर्त भी पूरा करे के होई। एकरे तहत दू लाख रुपये प्राभूत कोष अउर सुरक्षित कोष खातिर एक लाख रुपया अतिरिक्त जमा करे के होई।
Comments are closed.