[the_ad_group id="30365"]

अंबेडकर नगर : मेडिकल कॉलेज में छात्र लोग बंद करावल ओपीडी, कॉलेज प्राचार्य पर कार्रवाई के मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजकीय मेडिकल कॉलेज सद्दरपुर में नाराज छात्र-छात्रा लोग मंगर के ओपीडी बंद करा दिहल। नतीजा ई भइल कि दूरदराज से इलाज करावे आइल मरीज के बैरंग वापस लौटवे के पड़ल। एहसे पहिले सोमार आधी रात के बाद तक छात्र-छात्रा लोग मेडिकल कॉलेज गेट पर ही धरना दे के प्राचार्य के विरुद्ध नारेबाजी कइलें।

उनकर कहनाम रहल कि जानबूझकर छात्र-छात्रा लोग के उपस्थिति कम करत उनके परीक्षा देहले से रोकल गइल। एही के चलते आधा दर्जन छात्रन के तबीयत बिगड़ गइल। उनके भर्ती ले करावे के पड़ गइल

मंगर के ओपीडी बंद करावे के साथही मेडिकल छात्र छात्रा लोग कॉलेज प्रशासन के विरुद्ध जम के नारेबाजी कइलें। बड़ तादाद में एकजुट छात्र-छात्रा लोग ओपीडी के पास जुटल बानें। उन के कहनाम बा कि अब प्राचार्य के विरुद्ध कार्रवाई होखे ले ऊ सब चुप नाइ रहे वाला बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]