[the_ad_group id="30365"]

यूपी के एक करोड़ 20 लाख गरीब उपभोक्‍ता लोगन के बड़ राहत, एक यूनिट बिजली के खाली 3 रुपिया आई बिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्‍तर प्रदेश विद्युत नियामक आयोग प्रदेश के एक करोड़ 20 लाख उपभोक्‍ता लोगन के राहत देले बा। आयोग द्वारा उपभोक्‍ता लोगन के बिजली दर में प्रति यूनिट 35 पइसा के कटौती कs दिहल गइल बा। अब ओह लो के हर यूनिट खातिर खाली ₹3 बिजली बिल चुकाये के होई। अब तक ई ₹3.35 प्रति यूनिट रहे।

एकरा संगही उत्तर प्रदेश में घरेलू बिजली बिल में कमी करे के वादा पूरा हो गइल बा। सनिचर के उत्तर प्रदेश विद्युत नियामक आयोग प्रदेश के घरेलू बिजली उपभोक्ता लोगन खातिर नया दर घोषित कइलस। नाया व्यवस्था में आयोग बिजली उपभोग के दरन के तs कम कइलही बा, अधिकतम स्लैब सीमो के कम कइले बा। अब तक लागू 7 प्रति यूनिट के स्लैब समाप्त कs दिहल गइल बा।

शहरी आ ग्रामीण दुनों क्षेत्रन के उपभोक्‍ता लो के बिल में राहत दिहल गइल बा। नाया दरन के बात करीं तs प्रदेश के शहरी विद्युत उपभोक्ता लो खातिर शून्य से 100 यूनिट तक ₹5.50 प्रति यूनिट, 101 से 150 यूनिट तक ₹5.50 प्रति यूनिट, 151 से 300 यूनिट तक प्रति यूनिट ₹6.00 आ 300 यूनिट के ऊपर ₹6.50 रुपये प्रति यूनिट के हिसाब से दर निर्धारित कइल गइल बा। जबकि शहरन में घरेलू बीपीएल परिवारन के 100 यूनिट तक प्रति यूनिट 3.00 रुपये के हिसाब से बिल देवे के होई।

एही तरे, ग्रामीण घरेलू विद्युत उपभोक्ता लो के जीरो से 100 यूनिट तक ₹3.35 प्रति यूनिट, 101-150 यूनिट तक ₹3.85 प्रति यूनिट, 151 से 300 यूनिट तक ₹5.00 प्रति यूनिट आ 300 से ऊपर यूनिट होखला पs ₹5.50 प्रति यूनिट देवे के होई। जबकि, ग्रामीण घरेलू बीपीएल परिवारन के 100 यूनिट तक तीन रुपिया में बिजली दिहल जाई। ग्रेटर नोएडा में बिजली दरन में लगभग 10 फीसदी के कमी कइल गइल बा।

नाया बिजली दरन के संबंध में उत्तर प्रदेश राज्य विद्युत उपभोक्ता परिषद के अध्यक्ष आ राज्य सलाहकार समिति के सदस्य अवधेश कुमार वर्मा कहले हs कि नियामक आयोग उपभोक्ता परिषद के ज्यादातर मांगन के मान लेले बा।

जवना तरे नोएडा पावर कंपनी के क्षेत्र के विद्युत उपभक्ता  बिजली दरन में 10% के कमी कइल गइल बा। ओहि तरे पॉवर कार्पोरेशन द्वारा नियामक आयोग में उपभोक्ता लोगन के निकल रहल ₹22,045 करोड़ पs अपीलेट ट्रिब्यूनल में मुकदमा दाखिल करे के शपथ पत्र दिहल गइल होइत तs बिजली दरन में भारी कमी होइत, बाकिर उपभोक्ता परिषद के ई सबसे बड़ जीत बा कि उत्तर प्रदेश में उपभोक्ता लोगन के निकल रहल सरप्लस पs नोएडा पॉवर कंपनी में बिजली दरन के कम कs के आगे के रस्ता खोल दिहल गइल बा।

बहुत जल्दी प्रदेश के उपभोक्ता लोगन के एकर लाभ मिल सकत बा। ऊ कहले कि अब उपभोक्ता परिषद माननीय अपीलेट ट्रिब्यूनल में उपभोक्ता लोगन के पक्ष में आपन बात राख के बिजली कंपनियन द्वारा खड़ा कइल जा रहल व्यवधान के समाप्त करा के प्रदेश के विद्युत उपभोक्ता लोगन के बिजली दरन में कमी के लाभ दिवाई।

साभार: हिन्दुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]