UP: पंचायत चुनाव के तइयारी तेज… ग्राम पंचायतन के परिसीमन आज से, 28-30 जून तक होई जनसंख्या के निर्धारण

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में पंचायत चुनाव के तइयारी आउर तेज कs दिहल गइल बा। ग्राम पंचायतन के परिसीमन के प्रक्रिया सनीचर से सुरू होई। ग्राम पंचायतवार जनसंख्या के निर्धारण 28-30 जून के बीच होई। प्रस्तावित वार्डन पs आपत्ती 4 जुलाई से 8 जुलाई के बीच लिहल जाई।

एकरा खातिर शासन विस्तृत कार्यक्रम जारी कs देले बा। अगिला साल अप्रिल-मई में त्रिस्तरीय पंचायत चुनाव होई। राज्य में नया नगर पंचायत, नगर पालिका आ नगर निगम बनावल जाई आ पुरान निकायन के सीमा विस्तार के कारण प्रभावित ग्राम पंचायतन के पुनर्गठन होई।

शासन के उच्च पदस्थ सूत्रन के मोताबिक, सब जिलन से पुनर्गठन के प्राथमिक सूचना मिल चुकल बा। अब निर्वाचन प्रक्रिया के अगिला चरण में प्रभावित जिलन में संबंधित ग्राम पंचायत, क्षेत्र पंचायत आ जिला पंचायत के वार्डन के आंशिक परिसीमन के संबंध में आपत्ती लेवे, उनकर निस्तारण आ अंतिम सूची के प्रकाशन खातिर समयसारिणी निर्धारित कs दिहल गइल बा।

एकरा अनुसार, ग्राम पंचायतवार जनसंख्या के निर्धारण 28-30 जून के बीच कइल जाई। ग्राम पंचायत, क्षेत्र पंचायत आ जिला पंचायत के प्रादेशिक निर्वाचन क्षेत्रन (वार्डन) के प्रस्तावित सूची के तइयारी आ ओकर प्रकाशन 1 जुलाई से 3 जुलाई के बीच होई।

अंतिम सूची के प्रकाशन 12 जुलाई से 14 जुलाई के बीच

4 जुलाई से 8 जुलाई तक आपत्ती प्राप्त कइल जाई। आपत्तियन के निस्तारण 9 जुलाई से 11 जुलाई तक कइल जाई।। वार्डन के अंतिम सूची के प्रकाशन 12 जुलाई से 14 जुलाई के बीच होई। सब जिलाधिकारियन से कहल गइल बा कि उ लोग अंतिम सूची 16 जुलाई तक पंचायतीराज निदेशालय के उपलब्ध करा देवे।

शासनादेश में इहो कहल गइल बा कि 2026 में होखे वाला पंचायत चुनाव के मद्देनजर एह समयसारिणी के पालन हर हाल में कइल जाई। जवना जिलन में नगर निकायन के सृजन भा विस्तार के कारण कवनो परिवर्तन नइखे भइल, उहो एकर सूचना उपलब्ध कराई।

ई ग्राम पंचायत होई प्रभावित

पंचायत चुनाव-2021 के बाद कइयन जिलन में नगर पंचायत, नगर पालिका परिषद आ नगर निगम के सृजन आ सीमा विस्तार के चलते कइयन हो ग्राम पंचायतन के जनसंख्या 1000 से कम हो गइल बा। आंशिक परिसीमन के तहत शहरी क्षेत्रन में सामिल ग्राम पंचायतन के हटावे आ बचल राजस्व ग्रामन के नजदीकी ग्राम पंचायत में सामिल कइल जाई।

उत्तर प्रदेश पंचायत राज अधिनियम के अनुसार, राज्य सरकार एक हजार आबादी वाला ग्राम भा ग्रामन के समूह के पंचायत क्षेत्र घोषित कs सकत बिया। अइसन ग्राम पंचायत जवना के एगो राजस्व ग्राम नगरीय निकाय में सामिल हो गइल बा आ उ ग्राम पंचायत बनावे के मानक पूरा नइखे करत , तs ओकरा के नजदीकी ग्राम पंचायत में सामिल कs दिहल जाई।

एही तरे से कवनो ग्राम पंचायत नगरीय क्षेत्र में सामिल हो गइल बा आ ओकर कवनो शेष राजस्व ग्राम, ग्राम पंचायत बनावे खातिर मानक पूर्ण करत बा तs ओह दशा में ओह राजस्व ग्राम के ग्राम पंचायत बनावल जा सकत बा। एकल राजस्व ग्राम के नाम से गठित ग्राम पंचायत जदि आंशिक रूप से प्रभावित भइल बा, ओकर जनसंख्या 1000 होखे तs उ ग्राम पंचायत यथावत बनल रही।

Read Also:

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-