Chardham Yatra: चारधाम यात्रा 24 घंटे के लिए स्थगित, भारी बारिश से यमुनोत्री हाईवे कई जगह बंद, श्रद्धालु फंसे

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 29, 2025

सेंट्रल डेस्क। भारी बरखा के चलते यमुनोत्री हाईवे सहित कइयन जगह रस्ता बंद बा। गढ़वाल आयुक्त विनय शंकर पांडे बतवलें कि भारी बारिश के अलर्ट के देखत चार धाम यात्रा के अगिला 24 घंटा खातिर

Share

सेंट्रल डेस्क। भारी बरखा के चलते यमुनोत्री हाईवे सहित कइयन जगह रस्ता बंद बा। गढ़वाल आयुक्त विनय शंकर पांडे बतवलें कि भारी बारिश के अलर्ट के देखत चार धाम यात्रा के अगिला 24 घंटा खातिर स्थगित कs दिहल गइल बा। पुलिस आ प्रशासन के अधिकारियन के हरिद्वार, ऋषिकेश, श्रीनगर, रुद्रप्रयाग, सोनप्रयाग आ विकासनगर में तीर्थयात्रियन के रोके के निरदेस दिहल गइल बा।

यमुनोत्री हाईवे से गंगोत्री डायवर्ट कइल गइल रूट

दुबाटा बैंड पs तैनात एसआई विक्रम सिंह के अनुसार सुरक्षा के लिहाज से श्रद्धालुअन के क्षेत्र के इस्थिति से अवगत करववात गंगोत्री के ओर भेजल जा रहल बा। ओहिजा, यमुनोत्री धाम के ओर जानकीचट्टी, फूलचट्टी, खरसाली, राना चट्टी, स्याना चट्टी क्षेत्र में करीब एक हजार से जादे श्रद्धालु फंसेल बा लो। ओने चौकी प्रभारी भूपेंद्र सिंह रावत बतवलें कि जानकीचट्टी यमुनोत्री पैदल मार्ग पs सामान्य इस्थिति के चलते इहां काल्ह से ठहरल श्रद्धालुअन के यमुनोत्री धाम जाये दिहल जा रहल बा।

सिलाई बैंड के लगे बादल फटला से कइयन गो मजदूर लापता

यमुनोत्री हाईवे पs पालीगाड़ ओजरी डाबरकोट के बीच सिलाई बैंड के लगे बादल फटला से तबाही मच गइल। एह दौरान इहां होटल निर्माण स्थल तबाह हो गइल बा, जवना से कइयन गो मजदूर लापता हो गइलें। लापता मजदूरन के तलाश में प्रशासन के टीम आ एसडीआरएफ रेस्क्यू ऑपरेशन सुरू कs देले बा।

Read Also: Puri Stampede: पुरी भगदड़ ममिला में ओडिशा सरकार के बड़ कार्रवाई; दु अधिकारी निलंबित, DM-SP के भइल तबादला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.