[the_ad_group id="30365"]

UP News: वंदना तिवारी के मिली अतुल माहेश्वरी स्मृति स्वर्ण पदक, गोरखपुर विश्वविद्यालय करी सम्मानित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पत्रकारिता आ जनसंचार विभाग में पत्रकारिता स्नातक (बीजे) के टॉपर वंदना तिवारी के गोरखपुर विश्वविद्यालय के 41वां दीक्षांत समारोह मे अतुल महेश्वरी स्मृति स्वर्ण पदक दिहल जाई। 28 जून के होखे वाला दीक्षांत समारोह में ई पदक दिहल जाई।

गोरखपुर विश्वविद्यालय में पहिला बेर साल 2021 में स्मृति स्वर्ण पदक 2020 के टॉपर जितेंद्र कुमार आ साल 2019 के टॉपर अंजू सिंह के दिहल गइल। दुसरका बेर स्वर्ण पदक निखिल तिवारी के दिहल गइल। ई तिसरका बेर होखी जब वंदना के स्वर्ण पदक दिहल जाई। बीजे में वंदना के 900 में से 740 अंक मिलल।

वंदना के पिता संतोष तिवारी, जे मूल रूप से बेलीपर इलाका के बिस्टौली गांव के रहे वाला हवे, उनुकर फोटो स्टूडियो के दोकान बा। माई आशा देवी गृहिणी हई।

वंदना नेशनल इंटरमीडिएट कॉलेज बड़हलगंज से 86 फीसदी अंक ले के दसवीं कक्षा पास कइले बाड़ी। उहाँ से कक्षा 12 में 86 प्रतिशत अंक हासिल कईली। एकरा बाद गोविवी से बीएससी के पढ़ाई कइला के बाद टीचर बने खातिर डीएलईडी कोर्स कइली। बाद में गोरखपुर विश्वविद्यालय से पत्रकारिता आ जनसंचार विभाग से बीजे पूरा कइली।

वंदना के कहनाम बा कि उनुका पढ़े-लिखे के शौक बा। ऊ मीडिया के क्षेत्र में आपन कैरियर बनावल चाहत बाड़ी। अतुल महेश्वरी स्मृति स्वर्ण पदक मिलला से गौरव बढ़ गइल बा आ आगे बढ़े के प्रेरणा मिलल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]