UP News: नियुक्ति विभाग के प्रधान सचिव बनले आईएएस एम देवराज, कई विभाग में अधिकारी के पदस्थापन में फेरबदल

Share

सोमवार के दिने यूपी में अफसरन के तैनाती में फेरबदल भइल बा। नियुक्ति विभाग में आईएएस एम देवराज के प्रधान सचिव के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। एही तरे बहुत अधिकारी के जिम्मेवारी में बदलाव भइल बा।

यूपी में आईएएस अधिकारी के तैनाती में फेरबदल भइल बा। एम देवराज के नियुक्ति विभाग में प्रधान सचिव नियुक्त कइल गइल बा। हालांकि ऊ जीएसटी विभाग के धारण करत रहीहे। राज्य में सोमवार के अधिकारी के तैनाती में फेरबदल भइल बा।

तकनीकी शिक्षा विभाग के जिम्मेदारी एमएसएमई के काम देखे वाला आईएएस आलोक कुमार के दिहल गइल बा। आईएएस रविन्द्र के कृषि प्रधान सचिव नियुक्त कइल गइल बा।

कृषि उत्पादन आयुक्त पद के जिम्मेवारी आईएएस मोनिका गर्ग के दिहल गइल बा। एकरा संगे-संगे प्रभार प्रधान सचिव सचिवालय प्रशासन रविन्द्र नायक के पशुपालन विभाग के प्रभार भी दिहल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-