Delhi Fire: चार मंजिला कारखाना में लागल भारी आग पर काबू पा लिहल गइल, कवनो जानमाल के नुकसान के खबर नइखे

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 12, 2024

राजधानी दिल्ली के समयपुर बदलली इलाका में बनल फैक्ट्री में भारी आग लाग गइल। दुर्घटना का चलते भइल? एकर कारण अभी तक कवनो खुलासा नइखे भइल। फिलहाल आग पर काबू पा लिहल गइल बा। समयपुर

Share

राजधानी दिल्ली के समयपुर बदलली इलाका में बनल फैक्ट्री में भारी आग लाग गइल। दुर्घटना का चलते भइल? एकर कारण अभी तक कवनो खुलासा नइखे भइल। फिलहाल आग पर काबू पा लिहल गइल बा।

समयपुर बदलली औद्योगिक क्षेत्र में सोमवार के सबेरे एगो जींस फैक्ट्री में भारी आग लाग गइल। सूचना मिलते नजदीक के फायर स्टेशन से एगारह गो गाड़ी मौका पs पहुंच गइल। फिलहाल आग पs काबू पा लिहल गइल बा।

दमकल अधिकारी के मुताबिक सबेरे सात बजे कारखाना में आग लाग गइल। आग लगला के बाद फैक्ट्री में मौजूद सब कर्मचारी सकुशल बहरी निकलल बाड़े। एहमें कवनो जानमाल के नुकसान नइखे भइल। चार मंजिला कारखाना में लागल आग बुझा देवल गइल बा। आग लागे के कारण के बारे में अभी तक कवनो खुलासा नइखे भइल।

फायर विभाग के अधिकारी अशोक जायसवाल बतवले कि आज सबेरे करीब 7 बजे आग लगला के बारे में हमनी के जानकारी मिलल। ओकरा बाद फायर ब्रिगेड के गाड़ी के घटना स्थल पs भेजल गइल। ई चार मंजिला फैक्ट्री हs जवन जींस बनावेला। ए घटना में अभी तक केहु के जानमाल के नुकसान नइखे भइल। आग पर काबू पा लिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.