वाराणसी Police के बड़ एक्शन: 129 शराबी आ 41 मनचला गिरफ्तार, ट्रैफिक नियम तूड़े में 824 गाड़ियन के कइल गइल सीज

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 12, 2024

आयुक्त पुलिस एतवार के दिने पैदल गश्ती अभियान चला के बड़हन कार्रवाई कइलस। एह दौरान 129 शराबी आ 41 बदमाश के गिरफ्तार कइल गइल। एकरा संगे-संगे ट्रैफिक नियम तूड़े के आरोप में 824 गाड़ी जब्त

Share

आयुक्त पुलिस एतवार के दिने पैदल गश्ती अभियान चला के बड़हन कार्रवाई कइलस। एह दौरान 129 शराबी आ 41 बदमाश के गिरफ्तार कइल गइल। एकरा संगे-संगे ट्रैफिक नियम तूड़े के आरोप में 824 गाड़ी जब्त कइल गइल अवुरी 309 जगह से अतिक्रमण के हटावल गइल।

पुलिस आयुक्त मोहित अग्रवाल श्रीकाशी विश्वनाथ धाम क्षेत्र में गश्त के दौरान कमी के सुधारे पs जोर देले। चउथा सोमार के उऽ दर्शनार्थियन के सुरक्षा आ सुविधा खातिर तइयारी के निरीक्षण कइलन। व्यापारियन से संवाद कइले आ ओह लोग के समस्या जनले।

पुलिस आयुक्त गंगा नदी के पानी के स्तर बढ़ला के चलते विशेष सावधानी बरते आ दर्शनार्थियन के जादा संख्या के देखत अतिरिक्त वैरिकाडिंग करावे के निर्देश देले। गश्त के दौरान अपर पुलिस आयुक्त कानून व्यवस्था एस. चन्नप्पा, पुलिस सुरक्षा उपायुक्त सूर्यकांत त्रिपाठी, पुलिस उपायुक्त काशी अंचल गौरव वंशवाल, अपर पुलिस उपायुक्त काशी अंचल नीतू, अपर पुलिस सुरक्षा उपायुक्त ममता रानी आदि रहलें।

दूसर ओर एतवार के सांझ के डीसीपी गोमटी जोन मनीष कुमार शांडिल्य मिर्जामुरद थाना के निरीक्षण कइले। एह दौरान उनका ऑफिस, सीसीटीएनएस रूम, बैरक, मेस अवुरी महिला हेल्प डेस्क के नेटवर्क से परिचय भइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.