नेशनल डेस्क: युद्ध के दौरान हमलन से बचे खातिर पूरा प्रदेश में बुध के मॉक ड्रिल होेई, जेमे सायरन बजला के बाद लोगन के सुरक्षित स्थानन पs जाये के तरीकन के बारे में बतावल जाई। केंद्र सरकार के ओर से एह बाबत दिहल गइल निरदेस के बाद डीजीपी प्रशांत कुमार पूरा प्रदेश में मॉक ड्रिल करे के आदेस देले बाड़ें। नागरिक सुरक्षा संगठन के नेतृत्व में होखे वाला एह कवायद में जिला प्रशासन, पुलिस, अग्निशमन सेवा, एनडीआरएफ, एसडीआरएफ आदि सहजोग करी।
डीजी नागरिक सुरक्षा अभय कुमार प्रसाद बतवलें कि बुध के सांझ 4 बजे आ 7 बजे मॉक ड्रिल के आयोजन करे के तइयारी बा। बता दीं कि केंद्र सरकार प्रदेश के 19 जिलन में मॉक ड्रिल करावे के निरदेस देले बा, जेमे बुलंदशहर सबसे संवेदनशील बा। एकर वजह बुलंदशहर के नरौरा के परमाणु विद्युत संयंत्र बा।
एकरा अलावे आगरा, प्रयागराज, बरेली, गाजियाबाद, गोरखपुर, झांसी, कानपुर, लखनऊ, मथुरा, मेरठ, मुरादाबाद, सहारनपुर, वाराणसी, बख्शी का तालाब, मुगलसराय, सरसवां, बागपत आ मुजफ्फरनगर में मॉक ड्रिल करे के निरदेस दिहल गइल रहे। हालांकि डीजीपी वर्तमान हालात के संवेदनशीलता के देखत सब जिलन में एकरा के आयोजित करे के निरदेस देले बाड़ें। एह बाबत नागरिक सुरक्षा संगठन तइयारी सुरू कs देले बा। एह दौरान एयर बॉर्न वार्निंग, ब्लैक आउट सहित कइयन गो ड्रिल कइल जाई।
पब्लिक एड्रेस सिस्टम कइल गइल दुरुस्त
बता दीं कि बीतल दिनन सीएम योगी के निरदेस पs सब जिलन में पब्लिक एड्रेस सिस्टम के दुरुस्त कइल गइल रहे, जवना के फायदा मॉक ड्रिल में देखे के मिल सकत बा। प्रदेश के सब चौराहन पs लाउडस्पीकर के माध्यम से जनता के संभावित हमला के खतरन के बारे में आसानी से आगाह कइल जा सकी, जवना से लोग तत्काल सुरक्षित जगहन पs जा सकी।
Read Also: