UP News : यूपी विधानमंडल के शीतकालीन सत्र सुरू, सीएम योगी बोललें- सरकार वंदे मातरम सहित हर मुद्दा पs चरचा खातिर तइयार

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश विधानमंडल के शीतकालीन सत्र आज से सुरू हो गइल बा। सत्र के पहिला दिन मीडिया से बात करत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि आज से सदन के कार्यवाही सुरू हो रहल बा।
सीएम योगी बतवलें कि 24 जनवरी के सदन में राष्ट्रीय गीत ‘वंदे मातरम’ पs विशेष चरचा करावल जाई। 24 जनवरी के यूपी के स्थापना दिवस बा। एह मुद्दा पs सरकार चरचा खातिर पूरा तरे तइयार बा। ऊ बतवलें कि सर्वदलीय बैठक में विपक्षी दलन से चरचा में भाग लेवे के अपील कइल गइल बा।

सीएम योगी कहलें कि सरकार हर विषय पs चरचा आ हर सवाल के जवाब देवे खातिर तइयार बा। सदन के कार्यवाही सुरू होखे से पहिले, नेता सदन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ नेता प्रतिपक्ष माता प्रसाद पांडेय सहित सब दल के नेता लोग स्वर्गीय सपा विधायक सुधाकर सिंह के निधन पs उनकर सामाजिक जोगदान के याद कइल आ श्रद्धांजलि अर्पित कइल।

कफ सिरप कांड आ एसआईआर पs हंगामा के आसार

शीतकालीन सत्र के पहिला दिन समाजवादी पार्टी सहित विपक्षी दल कोडीन कफ सिरप तस्करी कांड आ मतदाता सूची के विशेष गहन पुनरीक्षण अभियान (SIR) के मुद्दा पs हंगामा कs सकेला लोग। संगही सदन में वंदे मातरम पs होखे वाला चरचा के विरोध के संभावना जतावल जा रहल बा।

सत्र सुरू होखे वाला दिन सपा के विधान परिषद सदस्य आशुतोष सिन्हा कफ सिरप कांड के मुद्दा पs योगी सरकार पs सवाल उठवलें। ऊ कहलें कि सरकार एह लोगन पs बुलडोजर के कार्रवाई काहे नइखे करत। हजारन करोड़ रुपिया के गबन भइल बा आ जहरीला कफ सिरप पिये से लईकन के मौत भइल बा। आशुतोष सिन्हा तंज कसत कहलें कि का बुलडोजर के ड्राइवर कफ सिरप पीके सुत गइल बा? एह दोषियन पs सख्त कार्रवाई होखे के चाहीं।

Read Also: Jet Crash : अमेरिका के नॉर्थ कैरोलिना में बड़ हादसा, लैंडिंग के दौरान बिजनेस जेट क्रैश; कइयन के मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-