Jet Crash : अमेरिका के नॉर्थ कैरोलिना में बड़ हादसा, लैंडिंग के दौरान बिजनेस जेट क्रैश; कइयन के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 19, 2025

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका के नॉर्थ कैरोलिना में बड़ विमान हादसा भइल। बियफे के एगो क्षेत्रीय हवाई अड्डा पs बिजनेस जेट लैंडिंग के समय दुर्घटनाग्रस्त हो गइल, जवना में कइयन गो लोगन के मौत हो गइल।

Share

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका के नॉर्थ कैरोलिना में बड़ विमान हादसा भइल। बियफे के एगो क्षेत्रीय हवाई अड्डा पs बिजनेस जेट लैंडिंग के समय दुर्घटनाग्रस्त हो गइल, जवना में कइयन गो लोगन के मौत हो गइल। ई हवाई अड्डा आमतौर पs NASCAR टीम आ फॉर्च्यून 500 कंपनियन के ओर से इस्तेमाल कइल जाला। हादसा के बाद विमान में भीषण आग लाग गइल।

अधिकारियन के मोताबिक, सेसना C550 विमान में कुल छह लोग सवार रहे। ई विमान चार्लोट से करीब 45 मील उत्तर में इस्थित स्टेट्सविल रीजनल एयरपोर्ट पs लैंडिंग के दौरान क्रैश हो गइल।

फेडरल एविएशन एडमिनिस्ट्रेशन (FAA) हादसा के पुष्टि करत बतवलस कि विमान में सवार सब छव लोग हादसा के शिकार हो गइल। फ्लाइट रिकॉर्ड से पता चलल बा कि ई प्लेन रिटायर्ड NASCAR ड्राइवर ग्रेग बिफल के कंपनी के नाम पs रजिस्टर्ड रहल। FAA के अनुसार, सेसना C550 चार्लोट से लगभग 45 मील (72 किलोमीटर) उत्तर स्टेट्सविल रीजनल एयरपोर्ट पs उतरत घरी दुर्घटनाग्रस्त भइल।

क्रैश के समय हलुका बरखा आ बादल

इरेडेल काउंटी शेरिफ डैरेन कैंपबेल कहलें, “हम पुष्टि कs सकत बानी कि एह हादसा में लोगन के मौत भइल बा।” एयरपोर्ट के लगे गोल्फ खेलत लोग हादसा देख के सन्न रह गइल। नेशनल ट्रांसपोर्टेशन सेफ्टी बोर्ड (NTSB) आ FAA मिल के हादसा के जांच कs रहल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, क्रैश के समय हलुका बरखा आ बादल रहे।

प्रत्यक्षदर्शियन में दहशत

हवाई अड्डा के लगे इस्थित लेकवुड गोल्फ क्लब में खेल रहल गोल्फर्स विमान के बहुत नीचे उड़त देखलें। हादसा के वक्त कइयन गो खिलाड़ी डर के मारे जमीन पs लेट गइलें। गोल्फ कोर्स के नवा होल पs विमान के मलबा चारो तरफ फइल गइल।

उड़ान के जानकारी

FlightAware.com के ट्रैकिंग डेटा के मोताबिक, विमान सबेरे 10 बजे के कुछ देर बाद उड़ान भरले रहे, बाकिर जल्दिये वापस लवट आइल। विमान स्टेट्सविल एयरपोर्ट पs लैंडिंग के कोसिस करत रहे, ओहि दौरान हादसा हो गइल।

योजना के अनुसार, विमान के बाद में सारासोटा (फ्लोरिडा) से बहामास के ट्रेजर के इंटरनेशनल एयरपोर्ट, फेर फोर्ट लॉडरडेल होत सांझ ले स्टेट्सविल लवटे के कार्यक्रम रहे।

Read Also: UP Panchayat Election : 1.81 करोड़ नया नाम जुड़ल, 1.41 करोड़ नाम कटल… मतदाता पुनरीक्षण के बाद आंकड़ा जारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.