UP News : प्रदेश में विधानमंडल सत्र काल्ह से, वंदे मातरम् पs हो सकेला विशेष चरचा; कार्यसमिति के बैठक आज

Uttar Pradesh Legislative Assembly winter session begins with possible Vande Mataram discussion

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में विधानमंडल के शीतकालीन सत्र सुक से सुरू हो रहल बा। एह सत्र के लेके बियफे के सबेरे 11:30 बजे कार्यमंत्रणा समिति के बैठक बोलावल गइल बा। सरकार वंदे मातरम् गीत के 150 बरिस पूरा होखला पs सदन में विशेष चरचा करवला पs विचार कs सकेला। हालांकि, एकरा पs अंतिम फैसला कार्यमंत्रणा समिति के बैठक में लिहल जाई।

कार्यमंत्रणा समिति के बैठक खतम होखला के बाद विधानसभा अध्यक्ष सतीश महाना दुपहरिया 12:30 बजे सर्वदलीय बैठक बोलवले बाड़ें। एह बैठक में ऊ सब दलन से सदन के सुचारू संचालन में सहजोग करे के अपील करिहें। एह बैठक में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सामिल होखला के संभावना बा।

ओहिजा, सूत्रन के मोताबिक भाजपा विधानमंडल दल के बैठक 21 दिसंबर के सांझ 6 बजे से लोकभवन के ऑडिटोरियम में होई। एह बैठक में मुख्यमंत्री, दुनो उपमुख्यमंत्री, सब मंत्री, विधायक आ विधान परिषद के सदस्य सामिल होई लोग।

संगही सरकार के सहजोगी दल सुभासपा, रालोद, निषाद पार्टी आ अद (एस) के मंत्री आ विधायकन के एह बैठक में बोलावल जाई।

Read Also: Ram Sutar Passes Away : स्टैच्यू ऑफ यूनिटी के शिल्पकार के निधन, 100 बरिस के उमिर में राम सुतार लेलें अंतिम सांस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-